[the_ad_group id="30365"]

भाजपा सात गो आउर मेयर उम्मीदवार घोषित कइलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भाजपा अतवार के दूसरा चरण के सात मेयर प्रत्यशियन के घोषणा कइलस। कानपुर में प्रमिला पांडेय, अयोध्या से गिरिशपति त्रिपाठी, शाहजहांपुर से अर्चना वर्मा, मेरठ से हरिकांत अहलूवालिया, गाजियाबाद से सुनीता दयाल, बरेली से उमेश गौतम आ अलीगढ़ से प्रशांत सिंघल के उम्मीदवार बनावल गइल बा।

एकरा पहिले भाजपा सपा खेमा में बड़ सेंधमारी कइलस। शाहजहांपुर से सपा खेमा में बड़ सेंधमारी कइलस। शाहजहांपुर से सपा से मेयर प्रत्याशी घोषित पूर्व मंत्री आ सांसद स्व. राममूर्ति वर्मा के पतोह (बहु) अर्चना वर्मा के प्रदेश भाजपा मुख्यालय पs पार्टी के सदस्यता ग्रहण करा दिहल गइल। ऊ शाहजहांपुर के पूर्व जिला पंचायत अध्यक्ष रहल बाड़ी।

अतवार के भाजपा प्रदेश मुख्यालय में कार्यक्रम में उप मुख्यमंत्री ब्रजेश पाठक भाजपा के पटका पहिना के उनका के पार्टी के सदस्यता दिलवलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]