ट्विटर के मालिक बनला के बाद एलन मस्क सबसे पहिले एकर नाम बदलके एक्स कइलस आ ओकरा बाद से लगातार एक्स में बदलाव हो रहल बा। एलन मस्क एक्स के एगो सुपर एप बनावल चाहत बाड़ें। सुपर एप के मतलब होला कि एके एप में सब तरे के काम हो जाई। माने यूजर्स के टिकट बुकिंग से लेके शॉपिंग आ सर्विसेज तक खातिर कवनो दूसरका एप पs जाये के जरूरत ना होई। एही कड़ी में एक्स भारत खातिर एगो नया फीचर रिलीज कइले बा। जवना के सीधा मुकाबला LinkedIn से बा।
एक्स हायरिंग- जॉब सर्च
एक्स जॉब हायरिंग फीचर के पिछला साल लॉन्च कइल गइल रहे बाकिर ई भारत में उपलब्ध ना रहे। अब एकरा के भारत में लॉन्च कs दिहल गइल बा। अब भारतीय कंपनी अपना संस्थान में जॉब खातिर एक्स पs पोस्ट कs सकी आ यूजर्स सीधे एक्स से अप्लाई कs सकी लो। भारत में एक्स के जॉब सर्च के मुकाबला LinkedIn से होई।
कइसे काम करेला नया फीचर?
X-Hiring फीचर, जवना के पहिले बीटा टेस्ट के रूप में लॉन्च कइल गइल रहे, मुख्य रूप से प्लेटफॉर्म पs वेरिफाइड ऑर्गेनाइजेशन खातिर डिजाइन कइल गइल बा। ई फीचर कंपनियन आ संभावित उम्मीदवारन के उपयुक्त नौकरी के अवसर खोजे में सक्षम बनावत बा।
जॉब सर्च फीचर X-Hiring डेटाबेस के इस्तेमाल करेला। जब कंपनी जॉब ओपनिंग पोस्ट करेली सs, तs यूजर्स एकरा के अपना सर्च में देख सकत बा लो। एकरा संगही एगो एप्लिकेशन ट्रैकिंग सिस्टम (ATS) के सामिल कइल गइल बा, जवन XML फीड्स के माध्यम से कंपनियन के उम्मीदवारन के डेटा प्रदान करेला।