दिनांक- 21/08/2026
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
श्रावण शुक्ल पक्ष
तिथि– नवमी
रात के 11 बजके 36 मिनट ले,
ओकरा बाद दशमी।
दिन- सुक।
अनुराधा नक्षत्र
दिन के 11 बजके 52 मिनट ले,
ओकरा बाद ज्येष्ठा नक्षत्र।
वैधृति जोग
सबेरे के 05 बजके 18 मिनट ले,
ओकरा बाद विष्कुम्भ जोग।
बालव करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 22/08/2026
श्रावण शुक्ल पक्ष
तिथि- दशमी
रात के 02 बजके 00 मिनट ले।
दिन- सनिचर।
ज्येष्ठा नक्षत्र
दिन के 02 बजके 49 मिनट ले।
विष्कुम्भ जोग
समस्त।
तैतिल करण।
आज के राशिफल
मेष | Aries
(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज रउरा खातिर दिन बढ़िया रही। काम में उत्साह आ आत्मविश्वास बढ़ी। नौकरी में नया जिम्मेदारी मिल सकेला। कारोबार में फायदा के मवका मिली। परिवार में माहौल खुसनुमा रही। बिना मतलब के खरचा से बचीं।
वृष | Taurus
(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)
आज मेहनत के पूरा फायदा मिल सकेला। नौकरी में अधिकारी लोग राउर काम से खुस रही। कारोबार में नया अवसर मिली। आर्थिक इस्थिति मजबूत हो सकेला, बाकिर खरचा s नियंत्रण रखीं।
मिथुन | Gemini
(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)
आज नया लोग से मुलाकात भविष्य में फायदा पहुंचा सकेला। काम के सिलसिला में जतरा के जोग बा। पईसा से जुड़ल ममिला में सावधानी बरतीं। विद्यार्थियन के पढ़ाई में सफलता मिली।
कर्क | Cancer
(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज भावुक होके कवनो बड़ फैसला मत लीं। नौकरी आ कारोबार में इस्थिति ठीक रही। परिवार के संगे बढ़िया समय बितावे के मवका मिली। पुरान निवेश से फायदा हो सकेला।
सिंह | Leo
(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज रउरा प्रतिभा देखावे के बढ़िया मवका मिली। ऑफिस में राउर काम के तारीफ हो सकेला। आर्थिक इस्थिति बेहतर रही। दांपत्य जिनगी में प्यार आ मिठास बढ़ी।
कन्या | Virgo
(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज काम पूरा करे खातिर मेहनत जादे करे के पड़ी। नौकरी बदले के सोचत बानी तs जल्दबाजी मत करीं। कारोबार में लाभ के जोग बा। स्वास्थ्य के प्रति लापरवाही मत करीं।
तुला | Libra
(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज आत्मविश्वास बढ़ल रही। रुकल काम पूरा हो सकेला। साझेदारी के कारोबार में फायदा मिली। प्रेम संबंध में नजदीकी बढ़ी। परिवार से कवनो सुभ समाचार मिल सकेला।
वृश्चिक | Scorpio
(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)
आज काम के दबाव तनिका जादे रही, बाकिर मेहनत के अच्छा नतीजा मिली। आमदनी बढ़ावे के नया रास्ता खुल सकेला। पुरान संघतिया से भेंट हो सकेला। बेवजह के विवाद से दूर रहीं।
धनु | Sagittarius
(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज भाग्य रउरा साथे रही। नौकरी आ कारोबार में आगे बढ़े के मवका मिली। दूर स्थान भा बिदेस से जुड़ल काम में सफलता मिल सकेला। विद्यार्थियन खातिर दिन सुभ बा।
मकर | Capricorn
(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज धैर्य से काम लेवे के जरूरत बा। नौकरी में अतिरिक्त जिम्मेदारी मिल सकेला। आर्थिक इस्थिति सामान्य रही। परिवार के कवनो बुजुर्ग के सलाह रउरा खातिर फायदेमंद रही।
कुंभ | Aquarius
(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज नया योजना सुरू करे खातिर दिन बढ़िया बा। नौकरी में तरक्की के संकेत मिल सकेला। कारोबार में नया ग्राहक जुड़ सकेलें। प्रेम जिनगी में सकारात्मक बदलाव आवे के जोग बा।
मीन | Pisces
(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज मन के शांत रखे के कोसिस करीं। काम में सफलता खातिर योजना बनाके आगे बढ़ीं। अचानक धन लाभ के जोग बन सकेला। परिवार आ जीवनसाथी के पूरा सहजोग मिली।
Read Also: IND vs SL : गॉल में भारत के जीत के पांच महानायक, पडिक्कल-सुथार सहित चमकलें ई 5 खिलाड़ी









