Bihar : ‘तोरा बिन नीक नाहीं लागे सांवरिया…’ पs झूमलें नीतीश कुमार, भरत शर्मा के लोकगीत के उठवलें आनंद

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 21, 2026

पटना। बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री आ जनता दल यूनाइटेड (JDU) के राष्ट्रीय अध्यक्ष नीतीश कुमार के संगीत प्रेम एक बेर फेर सामने आइल बा। पटना में आयोजित एगो कार्यक्रम में नीतीश कुमार प्रसिद्ध भोजपुरी लोकगायक

Share

Nitish Kumar Listening to Bharat Sharma Bhojpuri Folk Song

पटना। बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री आ जनता दल यूनाइटेड (JDU) के राष्ट्रीय अध्यक्ष नीतीश कुमार के संगीत प्रेम एक बेर फेर सामने आइल बा। पटना में आयोजित एगो कार्यक्रम में नीतीश कुमार प्रसिद्ध भोजपुरी लोकगायक भरत शर्मा व्यास के लोकगीत सुनत नजर अइलें। लोकगीत के प्रस्तुति के दौरान ऊ ताली बजाके कलाकार के उत्साहो बढ़वलें।

जदयू नेता श्याम रजक के पत्नी के पुण्यतिथि पपटना में एगो कार्यक्रम आयोजित कइल गइल रहे। एह कार्यक्रम में नीतीश कुमार, जदयू के कार्यकारी अध्यक्ष संजय कुमार झा के संगे पहुंचलें। कार्यक्रम के दौरान मंच पs प्रसिद्ध लोकगायक भरत शर्मा व्यास भोजपुरी के चर्चित लोकगीत ‘अंगना दुआर सगरी महल अटरिया, तोरा बिन नीक नाहीं लागे रे सांवरिया’ प्रस्तुत कइलें।

भरत शर्मा के गीत सुनत नीतीश कुमार बहुते तल्लीन नजर अइलें। ऊ कार्यक्रम में श्याम रजक आ संजय कुमार झा के संगे बइठल रहलें आ धेयान से पूरा प्रस्तुति सुनलें।

लोकगीत पs नीतीश कुमार बजवलें ताली

लोकगायक भरत शर्मा व्यास के प्रस्तुति के दौरान नीतीश कुमार बीच-बीच में श्याम रजक आ संजय कुमार झा से बातचीत करत रहलें। गीत के खास पंक्तियन पs ऊ ताली बजाके कलाकार के हौसला बढ़वलें। उनकर हाव-भाव से साफ नजर आइल कि ऊ लोकगीत के प्रस्तुति के भरपूर आनंद लेत रहलें। बिहार के लोक कला आ संस्कृति में नीतीश कुमार के रुचि पहिले भी सामने आवत रहल बा।

भोजपुरी लोकगीत आ संस्कृति से जुड़ल दिखलें नीतीश

पटना के एह कार्यक्रम में नीतीश कुमार के लोकगीत सुनत तस्वीर आ वीडियो चरचा में बा। राजनीतिक गतिविधियन से अलग उनकर ई अंदाज लोगन के धेयान खींच रहल बा।

भरत शर्मा व्यास भोजपुरी लोकसंगीत के चर्चित नाम हवे। उनका लोकगीतन में लोकजीवन, प्रेम, विरह आ सामाजिक भावना के झलक मिलेला। कार्यक्रम में उनका प्रस्तुति के लोग खूब पसंद कइल।

Read Also: Tata Motors Car Price Hike : 1 सितंबर से महंगा होई कार, ₹25 हजार तक बढ़ी कीमत

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.