20 अगस्त 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 20/08/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

श्रावण शुक्ल पक्ष

तिथिअष्टमी

रात के 09 बजके 18 मिनट ले,

ओकरा बाद नवमी।

दिन- बियफे।

विशाखा नक्षत्र

दिन के 09 बजके 08 मिनट ले,

ओकरा बाद अनुराधा नक्षत्र।

 इन्द्र जोग

भोर के 04 बजके 24 मिनट ले,

ओकरा बाद वैधृति जोग।

विष्टि करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 21/08/2026

श्रावण शुक्ल पक्ष

तिथि- नवमी

रात के 11 बजके 36 मिनट ले।

दिन- सुक।

अनुराधा नक्षत्र

दिन के 11 बजके 52 मिनट ले।

वैधृति जोग

सबेरे के 05 बजके 18 मिनट ले।

बालव करण।

 

आज के राशिफल

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज कामकाज में नया जिम्मेदारी मिल सकेला। नौकरी करे वाला लोगन के अधिकारियन के सहजोग मिली। धन के ममिला0 में दिन सामान्य रही। परिवार में छोट-मोट बात पs तनाव हो सकेला।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)

आज आर्थिक इस्थिति मजबूत हो सकेला। कहीं अटकल पईसा वापस मिल सकेला। कारोबार में नया सौदा फायदा दे सकेला। परिवार के संगे समय बितावे के मवका मिली।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

करिअर में आगे बढ़े के नया मवका मिल सकेला। बातचीत के तरीका से लोग प्रभावित होई। निवेश करे से पहिले सोच-विचार जरूर करीं। जतरा के जोग बन रहल बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज भावुक होके फैसला लेवे से बचीं। ऑफिस में कवनो सहकर्मी से मतभेद हो सकेला। पईसा के ममिला में जल्दबाजी मत करीं। परिवार के सहजोग मिली।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज आत्मविश्वास बढ़ी आ काम में सफलता मिले के संभावना बा। नौकरी में नया जिम्मेदारी मिल सकेला। कारोबार में फायदा होई। दांपत्य जिनगी में मिठास बनी रही।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज मेहनत के अच्छा परिणाम मिल सकेला। प्रतियोगी परीक्षा के तइयारी करे वाला विद्यार्थियन खातिर दिन बढ़िया रही। आर्थिक इस्थिति में सुधार हो सकेला। स्वास्थ्य के अनदेखी मत करीं।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

काम आ निजी जिनगी में संतुलन बनाके चले के फायदा मिली। नौकरी खोज रहल लोगन के बढ़िया खबर मिल सकेला। प्रेम संबंध में नजदीकी बढ़ी आ रिश्ता मजबूत होई।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज कवनो जरूरी फैसला लेवे के पड़ सकेला। कारोबार में फायदा के मवका मिली। फालतू खरचा से बचीं। परिवार के कवनो सदस्य के सफलता से घर में खुसी के माहौल रही।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज भाग्य के पूरा साथ मिल सकेला। बहुत दिन से अटकल काम पूरा हो सकेला। नौकरी आ कारोबार में तरक्की के जोग बा। जतरा से फायदा हो सकेला।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज काम के जगह पs मेहनत के बढ़िया नतीजा मिली। आर्थिक ममिला में सावधानी जरूरी बा। पुरान संघतिया से मुलाकात हो सकेला। परिवार में खुसहाली बनल रही।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज नया विचार पs काम करे के मवका मिली। कारोबार में फायदा हो सकेला। नौकरी बदले के सोचत बानी तs जल्दबाजी से बचीं। समाज में मान-सम्मान बढ़ सकेला।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज मन शांत रही आ सकारात्मक सोच बनल रही। करिअर में नया अवसर मिल सकेला। धन लाभ के जोग बा, हालांकि खरचा बढ़ सकेला। प्रेम आ पारिवारिक रिश्ता में मिठास बनल रही।

Read Also: IND vs SL : गॉल में भारत के जीत के पांच महानायक, पडिक्कल-सुथार सहित चमकलें ई 5 खिलाड़ी

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-