[the_ad_group id="30365"]

19 अगस्त 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 19/08/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

श्रावण शुक्ल पक्ष

तिथिसप्तमी

सांझ के 07 बजके 19 मिनट ले,

ओकरा बाद अष्टमी ।

दिन- बुध।

स्वाति नक्षत्र

सबेरे के 06 बजके 46 मिनट ले,

ओकरा बाद विशाखा नक्षत्र।

ब्रह्म जोग

रात के 03 बजके 43 मिनट ले,

ओकरा बाद इन्द्र जोग।

गर करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 20/08/2026

श्रावण शुक्ल पक्ष

तिथि- अष्टमी

रात के 09 बजके 18 मिनट ले।

दिन- बियफे।

विशाखा नक्षत्र

दिन के 09 बजके 08 मिनट ले।

इन्द्र जोग

भोर के 04 बजके 24 मिनट ले।

विष्टि करण।

 

आज के राशिफल

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन मेहनत के अच्छा परिणाम मिल सकेला। नौकरी में नया जिम्मेदारी मिल सकेला। कारोबार करे वाला लोगन के धन लाभ के मवका मिली। परिवार में माहौल अच्छा रही। स्वास्थ्य के लेके लापरवाही मत करीं।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)

आज धन से जुड़ल फैसला सोच-समझ के लीं। अचानक खरचा बढ़ सकेला। नौकरी में अधिकारी लोगन से सहजोग मिली। घर-परिवार में कवनो सुभ खबर मिल सकेला। जतरा के जोग बन रहल बा।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज आत्मविश्वास बढ़ी आ रुकल काम पूरा हो सकेला। नौकरी में तरक्की के मवका मिल सकेला। बेयपार में फायदा होई। प्रेम संबंध में मधुरता बढ़ी। स्वास्थ्य सामान्य रही।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज के दिन तनिका उतार-चढ़ाव वाला हो सकेला। काम के दबाव बढ़ सकेला, बाकिर मेहनत से सफलता मिली। परिवार के सदस्य के सहजोग मिली। निवेश करे से पहिले विशेषज्ञ के सलाह जरूर लीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज सिंह राशि वाला लोगन खातिर दिन सुभ रही। नौकरी आ कारोबार में सफलता के जाेग बा। आर्थिक इस्थिति मजबूत हो सकेला। समाज में मान-सम्मान बढ़ी। प्रेम संबंध में नजदीकी बढ़ सकेला।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज अधूरा काम पूरा करे पs ध्यान दीं। कार्यक्षेत्र में नया अवसर मिल सकेला। आर्थिक रूप से दिन सामान्य रही। कवनो करीबी से मतभेद हो सकेला, एह चलते से बातचीत में संयम रखीं। स्वास्थ्य ठीक रही।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज भाग्य के पूरा साथ मिल सकेला। नौकरी में प्रमोशन भा नया जिम्मेदारी के संकेत बा। कारोबार में नया सौदा फायदेमंद साबित हो सकेला। परिवार में खुसी के माहौल रही। जतरा लाभदायक हो सकेला।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज मेहनत के मोताबिक परिणाम मिले में तनिका समय लाग सकेला। पईसन के लेन-देन में सावधानी बरतीं। नौकरी करे वाला लोगन के वरिष्ठ अधिकारी से सहजोग मिली। परिवार के संगे समय बिताईं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज नया काम सुरू करे खातिर दिन अच्छा बा। कारोबार में लाभ के संभावना बा। नौकरी में आपन प्रतिभा देखावे के मवका मिली। प्रेम जीवन में सकारात्मक बदलाव आ सकेला। स्वास्थ्य बढ़िया रही।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज कार्यक्षेत्र में व्यस्तता बढ़ी। पुरान समस्या के समाधान मिल सकेला। धन के आवक सामान्य से बेहतर हो सकेला। परिवार में कवनो सदस्य के सफलता से खुसी मिली। बेवजह के विवाद से दूर रहीं।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज के दिन रचनात्मक काम करे वाला लोगन खातिर बढ़िया बा। नौकरी में नया अवसर मिल सकेला। बेयपार में फायदा होई। आर्थिक फैसला सोच-समझ के लीं। दांपत्य जिनगी में मधुरता बनल रही।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज भाग्य के साथ मिल सकेला। नौकरी आ कारोबार में सकारात्मक बदलाव के जोग बा। धन लाभ के मवका मिली। परिवार के संगे संबंध मजबूत होई। जतरा के दौरान सावधानी बरतीं।

Read Also: Genetic Brain Disorder : लईकन के गंभीर दिमागी बेमारी के इलाज में बीपी के दवा से जगल उम्मीद, 3 साल के रिसर्च में मिलल सकारात्मक नतीजा

                                                                                                                              

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]