Bihar Transfer News : बिहार में 20 IAS-BAS अफसरन के तबादला, सम्राट चौधरी सरकार जारी कइलस नया पोस्टिंग आदेस

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 11, 2026

पटना। बिहार सरकार के सामान्य प्रशासन विभाग सुक के देर रात बड़ प्रशासनिक फेरबदल करत 20 गो आईएएस (IAS) आ बिहार प्रशासनिक सेवा (BAS) अफसरन के तबादला के आदेस जारी कइलस। एह सूची में 2014

Share

Bihar IAS-BAS Transfer 2026 - New Posting List Released

पटना। बिहार सरकार के सामान्य प्रशासन विभाग सुक के देर रात बड़ प्रशासनिक फेरबदल करत 20 गो आईएएस (IAS) आ बिहार प्रशासनिक सेवा (BAS) अफसरन के तबादला के आदेस जारी कइलस। एह सूची में 2014 से 2022 बैच तक के आईएएस अधिकारी सामिल बा लोग। नया पोस्टिंग से राज्य मुख्यालय सहित कइयन गो जिला के प्रशासनिक बेवस्था पs असर पड़ल बा।

आईएएस अफसरन के नया जिम्मेदारी

2014 बैच के संजय कुमार के राज्य निर्वाचन आयोग से हटाके नगर विकास आ आवास विभाग में अपर सचिव बनावल गइल बा।

2016 बैच के मनोरंजन कुमार अब शिक्षा विभाग छोड़के विज्ञान, प्रावैधिकी आ तकनीकी शिक्षा विभाग में निदेशक बनिहें। एह बैच के डॉ. गगन के बिहार राज्य भंडार निगम से हटाके गया नगर निगम के नगर आयुक्त बनावल गइल बा।

विधु भूषण चौधरी के सूचना एवं जनसंपर्क विभाग से उद्योग विभाग में अपर सचिव के जिम्मेदारी मिलल बा।

2017 बैच के कृत्यानंद रंजन के नालंदा नगर आयुक्त बनावल गइल बा, जबकि मनोज कुमार के उद्योग विभाग में अपर सचिव बनावल गइल। हेमंत कुमार सिंह अब बिहार लोक सेवा आयोग (BPSC) के सचिव के रूप में काम करिहें।

2020 बैच के प्रदीप सिंह पर्यटन विभाग में संयुक्त सचिव के पद पs रहत अब बिहार राज्य पर्यटन विकास निगम के अपर प्रबंध निदेशक के अतिरिक्त जिम्मेदारियो निभइहें।

2021 बैच के सारा अशरफ के सुपौल जिला परिषद से हटाके उद्योग विभाग में खाद्य प्रसंस्करण निदेशक बनावल गइल बा।

2022 बैच के निशांत सिहारा के मोतिहारी सदर एसडीएम से बदल के मुजफ्फरपुर जिला परिषद के उप विकास आयुक्त-सह-मुख्य कार्यपालक पदाधिकारी बनावल गइल बा।

बीएएस अफसरन के बदलल गइल पोस्टिंग

बिहार प्रशासनिक सेवा के कइयन गो अधिकारियन के नया जिम्मेदारी मिलल बा।

संजय कुमार अब शिवहर जिला परिषद के उप विकास आयुक्त बन गइल बाड़ें। कुमारी अनुपम सिंह के औरंगाबाद जिला परिषद, राकेश कुमार के शेखपुरा, आदित्य कुमार पियूष के जहानाबाद आ इन्द्रवीर कुमार के सुपौल जिला परिषद में उप विकास आयुक्त के जिम्मेदारी दिहल गइल बा।

अरुण प्रकाश के भोजपुर जिला परिषद, अभिषेक आनंद के मधेपुरा जिला परिवहन पदाधिकारी, सोनी कुमारी के पूर्णिया जिला परिवहन पदाधिकारी आ कुमार गौरव के दरभंगा सदर एसडीएम बनावल गइल बा।

ओहिजा, शाहिद परवेज के नगर विकास विभाग में विशेष सचिव आ आनंद उत्सव के मुजफ्फरपुर पूर्वी के अनुमंडल पदाधिकारी (SDM) के जिम्मेदारी सउपल गइल बा।

Read Also: Bomb Threat : लाल किला के बम से उड़ावे के धमकी, मुंबई पुलिस के आइल फोन से दिल्ली तक मचल हड़कंप

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.