[the_ad_group id="30365"]

सारण में रेलवे के 100 करोड़ के कार्य योजना : PM मोदी छपरा में कइयन गो योजना के कइले लोकार्पण-शिलान्यास

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा जंक्शन स्टेशन पs भारतीय रेल के आधुनिकीकरण कार्यक्रम के तहत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कइयन गो योजनन के लोकार्पण कइले। छपरा जंक्शन परिसर के सर्कुलेटिंग एरिया में कार्यक्रम के आयोजन भइल। एम प्रधानमंत्री गुजरात के अहमदाबाद से रिमोट से सब योजनन के लोकार्पण कइलें।

स्थानीय स्तर पs महराजगंज सांसद, छपरा विधायक आ महापौर प्रतिनिधि के रूप में शिरकत कइलें। एह दौरान छपरा मांझी रेलखंड के दोहरीकरण आ विद्युतीकरण छपरा जंक्शन आ छपरा कचहरी के बीच तीसरका रेल लाइन आ छपरा जंक्शन पs प्लेटफॉर्म 1 से 7 तक बनल नव निर्मित फुट-ओवरब्रिज सहित एक स्टेशन एक उत्पाद के लोकार्पण कइल गइल। एकरा से गेट नंबर 1 से गेट नंबर 2 तक जाये में लोगन के सहूलियत होई।

कार्यक्रम के बारे में जानकारी देत सांसद जनार्धन सिंह सिग्रीवाल कहलें कि ई छपरा खातिर सौभाग्य के बात बा कि देस के प्रधानमंत्री कावर से कइयन गो योजनन के लोकार्पण कइल गइल। छपरा जंक्शन सहित देहात क्षेत्र के स्टेशनन के प्राथमिकता दिहल जा रहल बा।

सारण में अलग-अलग योजना में लगभग 100 करोड़ योजना के काम कइल जा रहल बा। मांझी से छपरा दोहरीकरण आ छपरा जंक्शन से छपरा कचहरी तक तीसरका लाइन के बहुते महत्वपूर्ण काम भइल बा।

वोकल फॉर लोकल खातिर दूरदराज के स्टेशन पs एकभारत एक उत्पाद ईंजन के तहत काउंटर खुलला से स्थानीय बेयपारियन के विशेष लाभ होई। ई गरब से कहत बानी कि मोदी बाड़ें तब सब कुछ मुमकिन बा। रेल में योजना आ सुविधा के अंबार लागल। बाकिर ई निश्चित बा कि मोदी बाड़ें तs मुमकिन बा ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]