[the_ad_group id="30365"]

रेल यात्रियन खातिर खुशखबरी : पैसेंजर आ मेमू के अब लागी सामान्य रेल भाड़ा, अब तक लागत रहे एक्सप्रेस के किराया

प्रतिकात्मक तस्वीर।
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पैसेंजर आ मेमू ट्रेनन से सफर करे वाला यात्रियन खातिर खुशखबरी। अब ओह लोगन के एक्सप्रेस ट्रेनन के किराया भाड़ा ना देवे के पड़ी। हालांकि, ई आदेस 11 दिन पहिले रेलवे बोर्ड के ओर से जारी कs दिहल गइल रहे, बाकिर पंडित डीडीयू रेल मंडल के ओर से एह बाबत मंगर के आदेस जारी कइल गइल बा।

आदेस के जारी होखतही बुध के सबेरे से ई प्रभावित हो जाई। अब पैसेंजर आ मेमू ट्रेनन के रेल यात्रियन के एक्सप्रेस ट्रेन के किराया भाड़ा ना देवे के पड़ी। अब गया से पटना 25 रुपिया में पहुंचल जा सकी। एकरा से पहिले ई गया से पटना खातिर 50 रुपिया किराया भाड़ा देत रहे लो। ई समस्या कोरोना काल से चलल आवत रहे।

यात्रियन के आर्थिक रूप से बहुते राहत मिली

अब गया से पटना खातिर सब मेमू ट्रेनन में 25 रुपिया भाड़ा निर्धारित रही। पहिला दुगो मेमू ट्रेन छोड़के बाकी सब मेमू एक्सप्रेस ट्रेनन के भाड़ा 50 रुपिया के भुगतान करे के पड़ल रहे। स्पेशल ट्रेन के नाव पs पहिले से लिहल जा रहल 30 रुपिया के स्थान पs अब 10 रुपिया किराया देवे के होई। सामान्य ट्रेन घोषित हो गइला से न्यूनतम किराया 10 रुपिया जारी कs दिहल गइल बा। एकरा से गरीब गुरबन आ यात्री राहत के सांस लेले बा लो।

दैनिक रेल यात्री संघ के रवि रंजन आ उदय श्रीवास्तव बतावल लो कि रेलवे बोर्ड के घोषणा के बादो स्पेशल ट्रेन के सामान्य भाड़ा लागू ना कइल गइला से रेलवे बोर्ड के प्रति खीझ होत रहे। बाकिर अब आदेश के प्रभावी कs दिहल गइल बा। एह आदेस से पैसेंजर आ मेमू के यात्रियन के आर्थिक रूप से बहुते राहत मिली।

साभार : दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]