[the_ad_group id="30365"]

स्वाद यात्रा : यूपी के पूर्वांचल स्टाइल में पनीर टिक्का

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तरप्रदेश के रेसिपी में शामिल पनीर टिक्का के ना खाली स्टार्टर के रूप में परोसल जाला बलुक एकरा के लंच अउरी डिनरो में बहुत मजा के संगे खाइल जाला।  हालांकि कई गो स्वादिष्ट वेज रेसिपी पनीर से बनावल जाला, बाकी पनीर टिक्का के ओहमें से खास मानल जाला।  एकरा के कइसे बनावल जाला, आई हमनी के जानल जाव।

 

मेजन:

250 ग्राम ताजा पनीर

आधा कप ताजा दही

स्वाद के हिसाब से नून

आधा चम्मच काली मिर्च के पाउडर

२ चम्मच मक्खन भा घी

आधा चम्मच जीरा पाउडर

 आधा से एक चम्मच अदरक-लहसुन के पेस्ट (वैकल्पिक)

 1 से 2 कैप्सिकम

 3 टमाटर के

 1 चम्मच चाट मसाला

 एक चुटकी लाल मिर्च पाउडर

 1 से 2 चम्मच बारीक कटलs धनिया

 1 नींबू, चार बराबर टुकड़ा

 

 नुसखा:

 पनीर के धो के बड़का चौकोर टुकड़ा में काट लीं।

 मन करे तs पनीर के बिना धोवले  काट सकेनी।

 अब एगो बर्तन में दही के फेंट लीं।

 एह दही में नून, काली मिर्च आ अदरक-लहसुन के पेस्ट के बढ़िया से फेट लीं।

 एकरा बाद एकरा में कटल पनीर के टुकड़ा डाल के 20 से 30 मिनट तक ढंक के राखी।

 पनीर 20 से 30 मिनट में दही के ठीक से सोख लेवेला।

 अब पनीर के टुकड़ा के प्लेट में निकाल के 2 घंटा तक फ्रिज में रख दीं।

 एह दौरान शिमला मिर्च के धो के ओकर बीज निकाल के लंबा आ पातर टुकड़ा में काट लीं।

जदी रउरा चाहत बानी त शिमला मिर्च के चौकोर टुकड़ों में  काट सकेनी।

एही तरे टमाटर के धो के पातर-पातर गोल भा लमहर आकार में काट लीं।

अब कड़ाही के गैस पs रख के गरम करी।

जब कड़ाही गरम हो जाए तs ओकरा में मक्खन भा घी डाल दीं ।

जब गरम हो जाव तs ओकरा में पनीर के कुछ टुकड़ा कम आंच पs डाल के तब तक ले भूनी जब तक कि दुनो ओर से सुनहरा ना हो जाए।

एही तरे पनीर के सब टुकड़ी के भूंज लीं।

अब कड़ाही में बचे वाला घी में जीरा पाउडर आ अदरक-लहसुन के पेस्ट डाल के कम आंच पs भूजि लीं।

जब एकरा से तेज गंध आवे लागे तs ओकरा में शिमला मिर्च डाल के ढक के 1 मिनट तकले पकाईं।

अब ओकरा में टमाटर आ तले पनीर के टुकड़ा डाल दीं।

ओकरा बाद चाट मसाला, लाल मिर्च पाउडर आ अउरी मसाला डाल के कम आंच पs बढ़िया से पकाईं।

एकरा के मिलावत दू से तीन मिनट तक पकाईं आ टेस्टी पनीर टिक्का तैयार हो जाला।

परोसत घरी रउआ बारीक कटल धनिया डाल के ओकरा में नींबू के रस निचोड़ सकेनी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]