[the_ad_group id="30365"]

जेपी यूनिवर्सिटी में 10 गो नया प्रोफेशनल कोर्स के होई पढ़ाई: विश्वविद्यालय विद्वत परिषद के बैठक में प्रस्ताव पास

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जय प्रकाश विश्वविद्यालय में कइयन गो नया प्रोफेशनल आ रोजगार से जुड़ल पाठ्यक्रमन के सुरू करे खातिर विद्वत परिषद के सहमति मिल गइल बा। बियफे के विद्वत परिषद के बैठक में एह नया प्रोफेशनल पाठ्यक्रम के सुरू करे के प्रस्ताव सर्वसम्मति से पारित कs दिहल गइल बा।

एह पाठ्यक्रमन के सुरू होखे से क्षेत्र के छात्र-छात्रा के जॉब मार्केट के मांग के मोताबिक पाठ्यक्रम के पढ़ाई करने के अवसर मिली। खास बात ई बा कि एह पाठ्यक्रमन के सुरुआत एही शैक्षणिक सत्र से सुरू होखे के पूरा संभावना बा। एमे करीब ढाई दर्जन स्नातकोत्तर स्तर के पाठ्यक्रम आ 10 सर्टिफिकेट स्तर के पाठ्यक्रम सामिल बा।

मास्टर इन इंडियन नॉलेज सिस्टम के होई पढ़ाई

‘मास्टर ऑफ हिन्दूज स्टडीज एंड स्प्रिचुअल साइंसेज’, ‘मास्टर इन नैनो टेक्नोलॉजी’, ‘मास्टर इन इंडियन नॉलेज सिस्टम’, ‘मास्टर इन हेरिटेज एंड टूरिज्म’, ‘मास्टर इन बायोटेक्नोलॉजी’, ‘ मास्टर इन माइक्रोबायोलॉजी’, ‘मास्टर इन फॉरेंसिक साइंसेज’ आ ‘मास्टर इन फूड एंड न्यूट्रिशन’ सहित कइयन गो प्रोफेशनल पाठ्यक्रम सुरू कइल जा रहल बा।

एकरा अलावे सर्टिफिकेट पाठ्यक्रमन में ‘सर्टिफिकेट कोर्स इन इंडियन नॉलेज सिस्टम’, ‘सर्टिफिकेट कोर्स इन योगा’, ‘सर्टिफिकेट कोर्स इन कर्मकांड एंड हिन्दू स्टडीज’, ‘सर्टिफिकेट कोर्स इन ह्यूमन राइट्स’ आदि रोजगार परक पाठ्यक्रम सामिल बा।

बैठक में कुलसचिव प्रो. रणजीत कुमार, कइयन गो स्नातकोत्तर विभागाध्यक्ष आ प्राचार्य सहित विद्वत परिषद के आउर सदस्य उपस्थित रहे लो। धन्यवाद ज्ञापन कुल सचिव कइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]