[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: डीडीयू में संचालित होई चार वर्षीय स्नातक पाठ्यक्रम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर विश्वविद्यालय आ संबद्ध महाविद्यालयन में शैक्षणिक सत्र 2024-25 से चार वर्षीय स्नातक (3 प्लस 1 ) पाठ्यक्रम सुरू करे के मंजूरी मिल गइल बा। हालांकि, जवना महाविद्यालयन के पीजी पाठ्यक्रम संचालित करे के मंजूरी नइखे, ओकरा चार वर्षीय स्नातक पाठ्यक्रम खातिर विश्वविद्यालय से अनुमति लेवे के पड़ी। ना तs ऊ कॉलेज तीन वर्षीय स्नातक डिग्री प्रदान कs सकी आ ऊ विद्यार्थी दु साल के पीजी डिग्री खातिर पात्र होई। एकरा संगही ऊ विद्यार्थी जे तीन बरिस में 7 सीजीपीए से जादे ग्रेड प्राप्त कइले बा, ऊ चार साल के स्नातक पाठ्यक्रम के संगे रिसर्च के डिग्री खातिर विश्वविद्यालय में प्रवेश ले सकी लो।

विश्वविद्यालय के संवाद भवन में बियफे के कुलपति प्रो. पूनम टंडन के अध्यक्षता में भइल विद्या परिषद के बैठक में एह पाठ्यक्रमन के मंजूरी दे दिहल गइल। बैठक में कइयन गो आउर प्रस्तावन पs चरचा भइल। बैठक में तय भइल कि आवे वाला सत्र से इंस्टीट्यूट ऑफ फार्मेसी के संचालनो कइल जाई। विद्या परिषद बैचलर इन फाॅर्मेसी आ डिप्लोमा इन फाॅर्मेसी के पाठ्यक्रम के अनुमोदित कइले बा।

विश्वविद्यालय आ संबद्ध महाविद्यालयन में कार्यरत शिक्षकन के फुल टाइम पीएचडी k सुविधा प्रदान करे पs सहमति बनल बा। एकरा खातिर पीएचडी अध्यादेश में संशोधन कs  के एह शिक्षकन के पीएचडी में सुपर न्यूमेरिक आधार पs सीधे प्रवेश दिहल जाई आ प्री पीएचडी कार्यक्रम करे के सुविधा दिहल जाई।

पांच कॉलेजन में बीबीए के पाठ्यक्रम होई संचालित

डीडीयू से संबद्ध पांच कॉलेजन में स्किल आधारित पाठ्यक्रमन पs मुहर लाग गइल बा। एह महाविद्यालयन में बीबीए (रिटेल, लॉजिस्टिक आ हेल्थ केयर) के पाठ्यक्रम संचालित होई।

विद्या परिषद लेलस योग शपथ

कुलपति प्रो. पूनम टंडन के नेतृत्व में विद्या परिषद के सदस्य आ अधिकारी अंतरराष्ट्रीय योग दिवस के उपलक्ष्य में योग के जीवन शैली में अपनावे के शपथ लिहल लो। एह अवसर पs कुलपति समाज के सब वर्गन से बड़ संख्या में शपथ ग्रहण करे के अपीलो कइलें। कुलपति नगर निगम में मेयर मंगलेश श्रीवास्तव से भेंट कइली आ योग दिवस के सफल बनावे के मुद्दा पs चरचा कइली। ऊ शहर के नागरिकन के महाअभियान से बड़ संख्या में जोड़े खातिर आ एह मुहिम के जन जागरण अभियान बनावे के आह्वान कइली।

मालूम होखे कि अंतरराष्ट्रीय योग दिवस के उपलक्ष्य में दिनांक 12-18 जून के अवधि में शपथ ग्रहण कs गिनीज बुक ऑफ वर्ल्ड रिकॉर्ड बनावे के लक्ष्य निर्धारित कइल गइल बा। अब तक गोरखपुर विश्वविद्यालय के 43,000 से जादे शिक्षक गण, कर्मचारी गण, छात्र-छात्रा, परिवारीजन, एल्युमनाई आ समाज के आउर लोग ऑनलाइन शपथ ग्रहण कs चुकल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]