[the_ad_group id="30365"]

रद्द कइल जाए NEET के परीक्षा, CBI से होखे जांच, पेपर लीक मामिला में सुप्रीम कोर्ट में आजो सुनवाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

नीट परीक्षा से जुड़ल तीन गो याचिका पs शुक के दिने सुप्रीम कोर्ट में सुनवाई होखे वाला बा. सुप्रीम कोर्ट में दायर याचिका में नीट 2024 के परीक्षा रद्द करे अवुरी पेपर लीक के मामिला के सीबीआई जांच के मांग कईल गईल बा। आजु सुप्रीम कोर्ट राष्ट्रीय परीक्षण एजेंसी (एनटीए) के ओर से दायर स्थानांतरण याचिका पs भी सुनवाई करी।

1563 छात्र के दोबारा परीक्षा देवे के आदेश

बियफ़ें के नीट परीक्षा अवुरी ग्रेस नंबर के सुनवाई करत सुप्रीम कोर्ट एगो बड़ आदेश देले रहे। कोर्ट ओह सगरी 1563 गो विद्यार्थियन के फेर से जाँच करे के आदेश दिहले बिया जिनकर ग्रेस नंबर एनटीए पs सवाल उठत रहुवे. एकरा संगे-संगे गुरुवार के दिल्ली से कोलकाता तक के छात्र एनटीए के खिलाफ कड़ा विरोध कईले।

काउंसलिंग प्रक्रिया पss कवनो रोक ना लगावल जाई – सुप्रीम कोर्ट

बियफ़ें के भईल सुनवाई में सुप्रीम कोर्ट राष्ट्रीय परीक्षण एजेंसी के 23 जून के परीक्षा दोबारा करावे अवुरी ओ 1563 उम्मीदवार के स्कोरकार्ड रद्द करे के अनुमति देले रहे।  संगही, कोर्ट कहलस कि, जवन परीक्षार्थी परीक्षा में ना आवे के चाहत बाड़े, ओ लोग के मूल स्कोरकार्ड (बिना ग्रेस मार्क के) पs विचार कईल जाई। जस्टिस विक्रम नाथ आ जस्टिस संदीप मेहता के अवकाशकालीन पीठ के केंद्र आ एनटीए के वकील बतवले कि जवना विद्यार्थियन के ग्रेस नंबर दिहल गइल बा ओह लोग के परीक्षा में फेर से आवे के विकल्प दिहल जाई. एह पs सुप्रीम कोर्ट कहलस कि प्रवेश खातिर काउंसलिंग प्रक्रिया ना रोकी.

NEET 2024 के परीक्षा अइसे संदेह में आइल

आईं रउरा सभे के बता दीं कि एनटीए 5 मई 2024 के देश के 4,750 केंद्र में परीक्षा आयोजित कईले रहे। एह परीक्षा में करीब 24 लाख परीक्षार्थी भाग लिहले रहले. नीट परीक्षा के रिजल्ट 14 जून के घोषित होखे के उम्मीद रहे, बाकिर चूंकि उत्तर पत्र के मूल्यांकन पहिलही पूरा हो चुकल रहे एहसे रिजल्ट खुद 4 जून के घोषित कs दिहल गईल। एह साल नीट परीक्षा में अधिका से अधिका 67 गो विद्यार्थी टॉप कइले बाड़न. एह सब विद्यार्थियन के 720 में से पूरा 720 अंक मिलल बा.अब ले एतना छात्र कबो नीट में टॉप नईखन कईले। एह सब के लेके नीट 2024 के परीक्षा पs संदेह बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]