Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार बजट 2022-23 : एगो छोटहन विश्लेषन

उपमुख्यमंत्री अउर वित्तमंत्री तारकिशोर प्रसाद सोमार के बिहार के बजट पेश कइने। तारकिशोर प्रसाद दुसरका बेर कइने बजट पेश

902

बिहार विधानसभा में सोमार के बजट पेश क देहल गइल। वित्तमंत्री तारकिशोर प्रसाद बजट भाषन में घोषना कइने, जेमें बिजली, शिक्षा, स्वास्थ्य के क्षेत्र में बजट बढ़ावल गइल बा। आईं जानल जाs बजट के कुछ मुख्य बात:

  • कृषि अउर संबंधित क्षेत्र में बेहतरी खतिर काम कइल जाई।कृषि अउर पशुपालन के विशेष जोर देहल गइल बा। 7712 करोड़ 30 लाख रुपये के प्रावधान कृषि अउर कृषि से संबंधित क्षेत्र खातिर बिजली, शिक्षा, स्वास्थ्य के क्षेत्र में बजट के बढ़ावल गइल बा।
  • महिला अउर बाल कल्यान खातिर सरकार ठाढ़ बा। 12375 करोड़ 7 लाख रुपया के प्रावधान महिला अउर बाल विकास अउर ऐसे संबंधित क्षेत्र खातिर, 200 करोड़ रुपया मुख्यमंत्री स्वयं सहायता भत्ता खातिर, 700 करोड़ रुपया स्टूडेंट क्रेडिट कार्ड खातिर, युवा शक्ति के बेहतरी खातिर 1 लाख 153 करोड़ के प्रावधान कइल गइल बा।
  • हर घर नल जल खातिर एक हज़ार 10 करोड़ राशि के प्रावधान कइल गइल बा। नल जल का रख रखाव खातिर अउर गाँव की सुविधा खातिर 847 करोड़ रुपये के प्रवधान|
  • ग्रामीण संपर्क योजना खातिर 220 करोड़ रुपया। स्वच्छ गाँव खातिर 89100 करोड़ रुपया के प्रावधान। शहरी क्षेत्र विकास खातिर पहिला चरन में विभिन्न योजना के कुल 550 करोड़ के राशि का प्रावधान (स्वच्छ सहर विकसित सहर खातिर),
  • सुलभ संपर्कता खातिर 450 करोड़ रुपया आवंटित कइल गइल बा।
  • सबके खातिर अतिरिक्त स्वास्थ्य सुविधा खातिर विसेस धेयान देहल गइल बा। एकरे खातिर 500 करोड़ सिवकार कइल गइल बा।
  • कॉमन सोशल रजिस्ट्री पोर्टल बनवले के निर्नय लेहल गइल बा। वित्तीय वर्ष 2022 -2023 में 237691 करोड़ 19 लाख रुपया के विधान बनावल गइल बा।
  • बिहार में इथेनॉल बनावे खातिर 151 फैक्ट्रियां लागी।
  • टीकाकरण राज्य सरकार के प्राथमिकता रही।
  • हमनीं के सरकार अनुसूचित जाति, जनजाति, अल्पसखंय्क के कल्याण करे खातिर ठाढ़ बा।
  • स्वास्थ्य सुरक्षा में सुधार खातिर 16,134 करोड़ रुपया बाँटल गइल बा।
  • बजट के 65 प्रतिशत सामाजिक क्षेत्र में खरच होई।
  • वित्तीय वर्ष 2022-23 में विकास दर 9.7 रहने के उमीद बा।
  • 2022-23 में एक लाख करोड़ रुपए ब्याज मुक्त कर्जा होई।
223110cookie-checkबिहार बजट 2022-23 : एगो छोटहन विश्लेषन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.