Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार बजट आज- तारकिशोर प्रसाद 2 बजे विधानमंडल में खोलिहे उम्मीदन के पिटारा; सवा 2 लाख करोड़ से बेसी के हो सकेला बजट

650

एह बेर के बजट पिछिला बेर से 15 हजार करोड़ बेसी हो सकेला 

बिहार के उप मुख्यमंत्री आ वित्त मंत्री तारकिशोर प्रसाद आज सोमर के 2 बजे विधान मण्डल में वित्तीय वर्ष 2022-2023 के बजट रखिहे। ई तारकिशोर प्रसाद के दुसरका बजट हs। एह साल के बजट सवा 2 करोड़ से बेसी के रही। पिछिला साल से बजट के 15 हजार जादे रहे के उमेद बा।

इनफ्रास्ट्रक्चर आ रोजगार पs ज़ोर रहला के उमेद बा

बजट में इनफ्रास्ट्रक्चर आ रोजगार पs ज़ोर रही। रोजगार ला सरकार उधयोग के विकास पs धेयान राख़ सकत बिया। शिक्षा, स्वास्थ, नगर विकास आ आवास पs बजट बढ़े के उमेद बा। बजट आवते रउआ सभे के खास रिपोर्ट खबर भोजपुरी पs पढ़े के मिली, जुड़ल रहीं।

222810cookie-checkबिहार बजट आज- तारकिशोर प्रसाद 2 बजे विधानमंडल में खोलिहे उम्मीदन के पिटारा; सवा 2 लाख करोड़ से बेसी के हो सकेला बजट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.