Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जिम्बाब्वे पहिला बेर ऑस्ट्रेलिया के ओकरिये घर में हरवलस, तीसरा वनडे तीन विकेट से जीतल

679

जिम्बाब्वे अउर ऑस्ट्रेलिया के बीच वनडे सीरीज के तीसरा मुकाबला जिम्बाब्वे तीन विकेट से जीत लिहले बा। ई पहिला मौका हवे, जब जिम्बाब्वे के टीम ऑस्ट्रेलिया में कौनो मैच जीतले बा। एह मैच में ऑस्ट्रेलिया पहिले बल्लेबाजी करत 141 रन बनवलें रहे अउरी जिम्बाब्वे सात विकेट पs 11 ओवर रहत लक्ष्य हासिल कs लिहलस।

एह जीत के साथ जिम्बाब्वे इतिहास रच दिहलस। हालांकि, वनडे सीरीज ऑस्ट्रेलिया 2-1 से अपने नाम कइलस। जिम्बाब्वे खातिर पांच विकेट लेवे वाले रेयान बर्ल बैट के संगहू 11 रन के अहम योगदान दिहलें अउरी उनके प्लेयर ऑफ द मैच चुनल गइल।

जिम्बाब्वे अउरी ऑस्ट्रेलिया के बीच अब ले 33 वनडे मैच भइल बा अउर एहमें से सिर्फ तीन मैच ही जिम्बाब्वे के टीम जीत पवले बा। ई पहिला मौका हवे, जब जिम्बाब्वे ऑस्ट्रेलिया के ओकरे घर में हरवलें बा। उहवें, 2014 के बाद जिम्बाब्वे पहिला बेर ऑस्ट्रेलिया के हरवलस।

एसे पहिले 2014 में हरारे के मैदान पर जिम्बाब्वे ऑस्ट्रेलिया के मात दीहले रहे। जिम्बाब्वे अउर ऑस्ट्रेलिया के बीच पहिला वनडे मैच 1983 में खेलल गइल रहे अउर नॉटिंघम में जिम्बाब्वे 13 रन के अंतर से जीत हासिल कइले रहल। एकरे बाद 2014 में हरारे में ऑस्ट्रेलिया के तीन विकेट से हरवलस अउर अब तीसरा बेर इतिहास दोहरवले बा।

321040cookie-checkजिम्बाब्वे पहिला बेर ऑस्ट्रेलिया के ओकरिये घर में हरवलस, तीसरा वनडे तीन विकेट से जीतल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.