[the_ad_group id="30365"]

YouTube: यूट्यूब चैनल हैक होखे से बचाई गूगल के नया एआई टूल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गूगल के कइयन गो एप्स बा, जवना से यूजर्स के बहुते फायदा होला। एमे यूट्यूब के नामो आवेला, अइसन में जदि रउआ एगो क्रिएटर बानी तs रउआ के एह खबर पs ध्यान देला के जरूरत बा। जदि राउर यूट्यूब चैनल बा आ कबो अचानक से कवनो दिन राउर यूट्यूब चैनल हैक हो जाए आ राउर कंटेंट गायब हो जाए। संगही चैनल के नाम बदल दिजल जाए आ चैनल के एक्सेस ना मिलत होखे तs अइसन इस्थिति में का होई। यूट्यूब चैनल के संगे एह तरे के समस्या बहुते आम बा। ई परेसानी खाली भारत तक सीमित नइखे, बलूक दुनियाभर में ई दिक्कत बा।

गूगल परेसानी के कइलस पहचान

यूट्यूब चैनल पs लगातार बढ़त एह समस्या के गूगल पहचान कइलस आ एकरा से निपटला खातिर एगो खास तइयारियो कइले बा। गूगल एह परेसानी के दूर करे खातिर एगो खास टूल पेश कइले बा। एआई टूल के माध्यम से एह तरे के दिक्कत के दूर कइल जा सकत बा। एह टूल के खासतौर पs एह तरे से डिजाइन कइल गइल बा कि हैक भइल यूट्यूब चैनल के जल्दी से जल्दी से रिकवर कइल जाव। संगही यूट्यूब चैनल के एक बेर फेर से ठीक कइल जाव।

यूट्यूब के एआई आधारित रिकवरी टूल

गूगल के एह टूल से ओह क्रिएटर्स के सबसे जादे फायदा होई, जे अपना चैनल पs पूरा तरे निर्भर बा आ ओकर अकाउंट एक्सेस नइखे हो रहल। क्रिएटर्स खातिर ई टूल बहुते उपयोगी बा, काहेकि जादेतर ममिलन में चैनले क्रिएटर्स खातिर सबकुछ होला। यूट्यूब प्लेटफॉर्म पs रोलआउट कइल गइल एआई टूल के माध्यम से ओहू क्रिएटर्स के फायदा मिली, जेकरा लगात बा कि ओकर अकाउंट कवनो समय हैक हो सकत बा, भा फेर ओकर चैनल कवनो हैकर्स के निशाना पs आ सकत बा। अइसन में ई टूल पूरा तरे से अकाउंट के सेफ्टी पs काम करी।

यूट्यूब हेल्प सेंटर पs जाये के होई 

यूट्यूब के एआई टूल के फायदा लेवे खातिर यूट्यूब हेल्प सेंटर पs जाये के होई। एकरा बाद कवनो क्रिएटर एकर सुविधा ले सकत बा। यूट्यूब एआई पावर्ड टूल के एह तरे से डिजाइन कइल गइल बा कि क्रिएटर्स के आसानी से एकर इंटरफेस समझ में आ सके। एकरा खातिर एआई टूल यूजर्स के गाइडो करेला, ताकि एआई टूल के फायदा आसानी से लिहल जा सकी।

गूगल अकाउंटो रही सेफ

ई टूल सबसे पहिले यूजर्स के गूगल अकाउंट सेफ करेला। एकरा बाद रीजन पs नियंत्रण मिलेला आ फेर कंटेंट के डिलीट ना कइल जाव, एकरा खातिर टूल कर मदद लिहल जा सकत बा। हैकर चैनल के नाम में कवनो तरे के बदलाव न करे लो आ कंटेंट के संगे कवनो तरे के छेड़छाड़ ना होखे। एकरा खातिर विकल्प मिलत बा। यूट्यूब एआई पावर्ड टूल फिलहाल अंग्रेजी भाषा में उपलब्ध बा। संगही एकर दायरा फिलहाल कुछे क्रिएटर्स ले सीमित बा। यूट्यूब एकर दायरा बढ़ावे खातिर काम कs रहल बा, बाकिर एमे बहुत समय लाग सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]