[the_ad_group id="30365"]

पूरा तरे सिक्योर बा राउर E-Aadhaar Card, पासवर्ड के बिना ना होई कहीं इस्तेमाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आधार कार्ड के संगे-संगे महत्वपूर्ण दस्तावेज अवुरी ओकरा में मौजूद गोपनीय जानकारी केहु के संगे साझा ना करे के चाही। आधार कार्ड में मौजूद गोपनीय जानकारी के ध्यान में राखत यूआईडीएआई ई आधार कार्ड के पासवर्ड सुरक्षित बना देले बिया। मतलब कि बिना पासवर्ड के ई-आधार के पीडीएफ ना खोलल जा सके। आज हम बताइब कि आपके ई आधार के पासवर्ड का बा?

आधार कार्ड एगो जरूरी दस्तावेज ह। अइसना में एकरा के सुरक्षित राखल बहुत जरूरी बा। कई बेर अचानक आधार कार्ड के जरूरत पड़ेला। अब ओह घरी हमनी के का करे के चाहीं?

बता दीं कि यूआईडीएआई के आधिकारिक वेबसाइट पर जाके आधार कार्ड डाउनलोड कर सकेनी। एह आधार कार्ड के ई-आधार कहल जाला। एकरा के आपके डिवाइस पs पीडीएफ फॉर्म में डाउनलोड कईल जाला जवन कि बिना पासवर्ड के ना खोलल जा सकता।

पूरा तरह से सुरक्षित ई-आधार

ई आधार कार्ड पूरा तरह से सुरक्षित बा। आधार कार्ड के सुरक्षा के ध्यान में राखत सरकार ओकरा प सुरक्षा पासवर्ड लगा देले बिया। यूआईडीएआई ई आधार फाइल के पासवर्ड सुरक्षित रखले बा ताकि कवनो अनजान आदमी एकर गलत इस्तेमाल ना कर सके। पासवर्ड सिर्फ आधार कार्ड के गोपनीय जानकारी के सुरक्षित राखे खाती सेट कइल गइल बा।हर यूजर के ई आधार पासवर्ड अलग अलग होला. अब सवाल बा कि आपके ई आधार कार्ड के पासवर्ड का बा?

ई आधार पीडीएफ कइसे खोलल जाला

यूआईडीएआई खुदे बतवले बा कि ई आधार के पासवर्ड का होला। यूआईडीएआई के आधिकारिक वेबसाइट के मुताबिक ई आधार पीडीएफ खोले खाती यूजर के नाम अवुरी जन्म साल के पहिला 4 अक्षर दर्ज करे के पड़ेला।

एकरा के अइसे समझीं, आधार उपयोगकर्ता के नाम पंकज हऽ जेकर जनम के साल के तारीख 1999 बा। अब पंकज के ई आधार पीडीएफ खोले खातिर पासवर्ड (ई आधार कार्ड पीडीएफ पासवर्ड) में PAN1999 डाले के होई। इहे उनकर ई आधार के पासवर्ड ह।

MASKED AADHAAR CARD के करीं इस्तेमाल

जदि आधार कार्ड के कॉपी देवे के बा तऽ  मास्क आधार कार्ड के इस्तेमाल करे के चाही। मास्क आधार कार्ड में राउर आधार नंबर पूरा तरह से ना देखावल जाला। आधार संख्या के अंतिम 4 अंक ही देखावल जाला।

आधार कार्ड में आधार नंबर के माध्यम से कवनो व्यक्ति के बहुत गोपनीय जानकारी उपलब्ध बा। एकरा अलावे आधार नंबर के माध्यम से जालसाजो धोखा देवेले। अइसना में फिजिकल कॉपी देबे खातिर रउआ मास्क आधार कार्ड के कॉपी देबे के चाहीं। रउआ एकरा के यूआईडीएआई के आधिकारिक साइट से आसानी से डाउनलोड कर सकीलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]