Tech News: WhatsApp में आ रहल बा एगो अउरी नया फीचर, यूजर्स चुन सकेले डिफॉल्ट थीम

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 22, 2024

जदी फोन में डार्क मोड चालू बा तs व्हाट्सएप भी डार्क मोड में काम करी, बाकी नाया अपडेट के बाद फोन के थीम डार्क होखला पs भी व्हाट्सएप के थीम बदलल जा सकता। मेटा के

Share

जदी फोन में डार्क मोड चालू बा तs व्हाट्सएप भी डार्क मोड में काम करी, बाकी नाया अपडेट के बाद फोन के थीम डार्क होखला पs भी व्हाट्सएप के थीम बदलल जा सकता।

मेटा के स्वामित्व वाला इंस्टेंट मैसेजिंग ऐप व्हाट्सएप में एगो नाया फीचर आवे वाला बा, जवना के बाद यूजर ए ऐप खातीर डिफ़ॉल्ट थीम चुन सकेले। फिलहाल व्हाट्सएप के थीम यूजर के फोन सेटिंग के थीम पs निर्भर करता, बाकी नाया अपडेट के बाद अइसन ना होई।

जदी हमनी के एकरा के एगो उदाहरण के संगे समझेनी जा, जदी फोन में डार्क मोड चालू बा तs व्हाट्सएप भी डार्क मोड में काम करी, बाकी नाया अपडेट के बाद फोन के थीम डार्क होखला पs भी व्हाट्सएप के थीम बदलल जा सकता। WABetaInfo के रिपोर्ट के मुताबिक, व्हाट्सएप के ए फीचर के एंड्रॉयड के बीटा वर्जन 2.24.18.6 पs परीक्षण कइल जाता।

फिलहाल एकर अंतिम अपडेट कब रिलीज होई, ई बतावल मुश्किल बा। WABetaInfo एह फीचर के स्क्रीनशॉट भी शेयर कइले बा, जवना में दुगो अलग-अलग थीम के हरे रंग के संगे देखल जा सकता। हरियर रंग के बदल के करिया रंग के इस्तेमाल कइल जा सकेला । पछिला महीना व्हाट्सएप पs भी अइसने फीचर देखाई देलस।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.