[the_ad_group id="30365"]

कैबिनेट बइठक में योगी सरकार के ओर से लेहल गइल कई महत्वपूर्ण फैसला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मंगर के यूपी कैबिनेट के बइठक में कई महत्वपूर्ण फैसला लेहल गइल। परिवहन विभाग के प्रवर्तन दल के सिपाही अब ग्रुप डी नाइ बल्कि ग्रुप सी के अंतर्गत भर्ती कइल जइहें। भर्ती खातिर शैक्षिक योग्यता के बढ़ा के इंटरमीडिएट कs दिहल गइल बा। प्रवर्तन दल के सिपाहियन के भर्ती उत्तर प्रदेश अधीनस्थ सेवा चयन आयोग करी। एह व्यवस्था से सिपाहियन के प्रमोशन के लाभ मिल सकी, उनकर तनखाहो बढ़ जाई।

कैबिनेट बैठक के बाद परिवहन मंत्री दयाशंकर सिंह बतवलें कि परिवहन विभाग में अब परमानेंट ड्राइविंग लाइसेंस नाइ बन पाई। सिमुलेटर पर टेस्ट देहलें के बादे परमानेंट ड्राइविंग लाइसेंस जारी कइल जाई।

चिकित्सा विभाग से जुड़ल दू प्रस्ताव पास भइल जेमें पीजीआई के कर्मचारियन के सातवें वेतन आयोग के अनुसार भत्ता देहले के प्रस्ताव पास कइल गइल। सुपर स्पेशलिटी हास्पीटल मे एक बेड में कर्मचारियन के संख्या निर्धारित कइलें के प्रस्ताव पास भइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]