[the_ad_group id="30365"]

देर से पहुंचलें डॉक्टर-स्वास्थ्यकर्मी, मरीज लोग कइल हंगामा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्थानीय कस्बा स्थित संयुक्त महिला चिकित्सालय में सोमार के दुपहर ले डॉक्टर अउर अन्य कर्मचारियन के नाइ पहुंचने से खिसियाइल मरीजन के देखभाल करे वाला लोग हंगामा खड़ा कs देहल। कुछ देर बाद पहुंचल प्रभारी चिकित्साधिकारी लोग के समझाबुझा के मामिला शांत करवलें।

भाजपा नेता आनंद कुशवाहा कहलें कि स्वास्थ्य विभाग के उच्चाधिकारियन से कई बार शिकायत कइला के बादो अस्पताल के व्यवस्था में सुधार नाइ हो रहल बा। अभिन कुछ दिन पहिले निरीक्षण करे आइल खड्डा विधायक विवेकानंद पांडेय अउर सीएमओ डॉ. सुरेश पटारिया से शिकायत क के अस्पताल के व्यवस्था सही कइलें के मांग कइल गईल रहे। एकरे बाद कौनों सुधार नाइ हो रहल बा।

हंगामा के सूचना पs पहुंचल प्रभारी चिकित्साधिकारी डॉ. पारसनाथ गुप्ता समय से अस्पताल खोलले अउर दूसर समस्या के शीघ्र निस्तारण के भरोसा दिहलें। एकरे बाद लोग मान गइल। एह दौरान नंद गिरी, दिनेश, रामाशंकर कुशवाहा, अकलू गुप्ता, प्रहलाद गुप्ता, राहुल चौधरी, आनंद चौरसिया आदि लोग मौजूद रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]