[the_ad_group id="30365"]

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: स्कूल से लवट रहल छात्रा के संगे छेड़खानी… फेर पिटाई; अरवल में अश्लील हरकत के विरोध कइला पs पिटाई कइलस आरोपी, पीड़िता असप्ताल में भर्ती।
  2. बिहार: अब होई “बैटल ऑफ गोपालगंज”: महागठबंधन के तीनों सत्ताधारी दल करी आपस में सिर-फुटौवल: सुभाष सिंह के निधन से खाली भइल बा सीट।
  3. उत्तर प्रदेश: कन्नौज में महिला से दुष्कर्म के प्रयास में इंस्पेक्टर के जेल, बेटी के गैंगरेप के करत रहे इंस्पेक्टर अनूप मौर्या जांच।
  4. उत्तर प्रदेश: अब्बास के शूटिंग के नाम पs कारतूस के अवैध कारोबार:  STF बरामद कइले रहे 4431 कारतूस, लाइसेंस बनावे आलन अधिकारियन के होई जांच।
  5. झारखंड: राजभवन बढ़वलस सोरेन सरकार के बेचैनी, विधायकी पs संकट के बीचे CM बोलवले कैबिनेट के बैठक, BJP विधायक मंडावी पs फसीला आज।
  6. इराक में धर्मगुरु के राजनीति छोड़ला पs हिंसक पर्दशन: मुक्तदा अल-सद्र के समर्थक राष्ट्रपति भवन में घुसले, सुरक्षाबलन के फायरिंग में 20 के मौत।
  7. रिलायंस AGM में ऐलान: दिवाली तक आ जाई 5G सर्विस, 4 मेट्रो सिटी से होई सुरुआत, 5G खातिर 2 लाख करोड़ रुपिया के निवेश।
  8. असम के सीएम हिमंत बिस्वा सरमा बोलले, मदरसा आतंक के हब, उहां आतंक के ट्रेनिंग होला।
  9. लडडू गोपाल के ताजमहल में नो एंट्री: गेट से बाहर लवटावल गइल, चौकीदार बोलल- इनका के कहीं आउर राख के अइले पs मिली इंट्री, परिवार वापस लवटल।
  10. चीन कइलस ओलंपिक में मैच फिक्सिंग: ब्रॉन्ज़ मेडलिस्ट शटलर के खुलासा- सिडनी में हमवतन गोल्ड मेडलिस्ट से हारे के आदेस मिलल रहे।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]