[the_ad_group id="30365"]

UP News : एको गो सही वोट बांचे ना, गलत बने ना… तय करे लाेग जनप्रतिनिधि, मुख्यमंत्री योगी एसआईआर के समीक्षा में देलें निरदेस

Yogi Adityanath reviewing SIR and giving instructions for fair voting in Uttar Pradesh
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुरादाबाद। सर्किट हाउस में सोमार के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ विशेष गहन पुनरीक्षण (एसआईआर) के काम के समीक्षा कइलें। मुख्यमंत्री मंडल के पांच जनपद मुरादाबाद, अमरोहा, रामपुर, संभल आ बिजनौर के पूरा रिपोर्ट के संगे बइठल रहस। रिपोर्ट के आधार पs ऊ एक-एक जनप्रतिनिधि से बात कइलें।

बातचीत के दौरान मुख्यमंत्री कुछ जनप्रतिनिधियन से ओह लाेगन के क्षेत्र के बूथ पूछलें तs करीब करीब बतवला पs मुख्यमंत्री टूक कहलें कि सीधा तौर पs बूथ संख्या बताईं।

फेर मुख्यमंत्री सब केहू से कहलें कि सभे एसआईआर के काम में लाग जावs। एक-एक मतदाता के वोट अनिवार्य रूप से बने। जवन सही वोट बा ऊ कवनो दशा में छुटे ना आ गलत वोट बने ना। जनप्रतिनिधि ई अनिवार्य रूप से तय कs लिहल गइल।

सीएम इहो कहलें कि चुनाव में अभी से जुटे खातिर ई सबसे महत्वपूर्ण समय बा। एक-एक मतदाता के सब वोट रउआ लोग सुनिश्चित करीं। एक-एक बूथ, एक-एक मतदाता तक पहुंचेम तs राउर चुनाव के तइयारी खुद-ब-खुद पूरा होई।

Read Also: Naxal Surrender : छत्तीसगढ़ में 12 नक्सलिसन के सरेंडर, प्रशासन के सउपल लोग हथियार; 87 लाख से जादे के रहे इनाम

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]