Ludhiana Road Accident : देर रात बेकाबू कार डिवाइडर से टकराइल, दुगो नाबालिग लइकियन सहित पांच के मौत

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 8, 2025

लुधियाना। लाडोवाल के लगेअतवार के देर रात एगो तेज रफ्तार कार अनियंत्रित होखत-होखत डिवाइडर से जा टकराइल। एह भीषण हादसा में कार में सवार दुगो नाबालिग लईकियन सहित कुल पांच लोगन के मौत हो गइल।

Share

Severe car accident in Ludhiana where a high-speed vehicle crashed into a divider causing multiple fatalities

लुधियाना। लाडोवाल के लगेअतवार के देर रात एगो तेज रफ्तार कार अनियंत्रित होखत-होखत डिवाइडर से जा टकराइल। एह भीषण हादसा में कार में सवार दुगो नाबालिग लईकियन सहित कुल पांच लोगन के मौत हो गइल।

टक्कर एतना जोरदार रहे कि कार पूरा तरे से चकनाचूर हो गइल। अभी तक मृतकन के पहचान नइखे हो सकल। जानकारी अनुसार सब लोग जगरांव इलाका के बतावल जा रहल बा। सूचना मिलतही लाडोवाल थाना के पुलिस मौका पs पहुंच गइल। पुलिस पांचों शवन के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस।

मिलल जानकारी के मोताबिक, कार में तीन गो लईका आ दुगो नाबालिग लईकी रहली सs। सभे जगरांव से अमृतसर के तरफ जात रहे। कार के रफ्तार बहुत तेज रहे आ बेकाबू होखत डिवाइडर से टकरा गइल। हादसा में कार सवार सब केहू के मौत हो गइल।

हादसा होखतही आसपास के लोग तुरंत पुलिस के खबर दिहल आ मिलजुल के शव के बाहर निकालल। थाना लाडोवाल के पुलिस तत्काल मौका पs पहुंच के गाड़ी कब्जा में ले लेलस आ शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज देलें। पुलिस अब मृतकन के परिजन के जानकारी जुटावे में लागल बिया।

Read Also: Air Strike : कंबोडिया-थाइलैंड के बीच फेर बढ़ल तनातनी, हवाई हमला जारी, झड़प में एगो थाई सिपाही के मौत 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.