NEET Re-Exam : ‘डर ना आत्मविश्वास के संगे दीं परीक्षा’, पुनर्परीक्षा से पहिले धर्मेंद्र प्रधान छात्रन के देलें सनेस

Share

नई दिल्ली। नीट-यूजी 2026 के पुनर्परीक्षा से पहिले केंद्रीय शिक्षा मंत्री धर्मेंद्र प्रधान देसभर के छात्र-छात्रा से बिना कवनो डर आ तनाव के परीक्षा देवे के अपील कइले बाड़ें। अतवार के करीब 22 लाख अभ्यर्थी नीट पुनर्परीक्षा में सामिल होखे जा रहल बा लोग।

धर्मेंद्र प्रधान छात्रन के सुभकामना देत कहलें कि ऊ लोग पूरा आत्मविश्वास आ निडरता के संगे परीक्षा देवे लोग। ऊ कहलें कि राष्ट्रीय परीक्षा एजेंसी (एनटीए), राज्य सरकार, जिला प्रशासन, शिक्षक आ छात्रन पs पूरा भरोसा बा।

शिक्षा मंत्री के ई बयान ओह समय आइल बा, जब नीट परीक्षा पेपर लीक विवाद के चलते परीक्षा बेवस्था पs लगातार सवाल उठत रहल बा।

छात्रन से धर्मेंद्र प्रधान कइलें खास अपील

केंद्रीय शिक्षा मंत्री धर्मेंद्र प्रधान कहलें कि देसभर के करीब 22 लाख छात्र कुछे घंटा बाद नीट पुनर्परीक्षा देवे जा रहल बा लोग। एह मवका पs छात्रन के कवनो तरे के चिंता आ डर में ना रहे के चाहीं।

ऊ कहलें कि छात्र पूरा निडरता आ बिना तनाव के परीक्षा में सामिल होखे लोग। मेहनत आ लगन से निश्चित रूप से बढ़िया परिणाम मिली। धर्मेंद्र प्रधान छात्रन से कहलें कि कठिन परिस्थिति में आपन लक्ष्य पs ध्यान केंद्रित करीं आ आत्मविश्वास बनवले राखीं।

लईकन के मानसिक स्वास्थ्य पs मंत्री जतवलें चिंता

धर्मेंद्र प्रधान लोगन से अपील कइलें कि अइसन कवनो काम मत करीं, जवना से लईकन के मानसिक स्वास्थ्य पs खराब असर पड़े। ऊ कहलें कि भारत के नया पीढ़ी के भविष्य से कवनो खिलवाड़ ना होखे के चाहीं। परीक्षा से पहिले अफवाह, गलत जानकारी आ बेवजह के विवाद छात्रन के मनोबल कमजोर कs सकेला। शिक्षा मंत्री कहलें कि देस के भविष्य के मजाक के विषय ना बनावे के चाहीं।

‘जिम्मेदार लोगन’ पs उठवलें सवाल

बिना कवनो नाम लेले धर्मेंद्र प्रधान कुछ लोगन के रवैया पs सवाल उठवलें। ऊ कहलें कि कुछ लोग गलत मंशा से अइसन डेग उठवलें, जवना से छात्रन के मानसिक परेसानी बढ़ल।

ऊ कहलें कि जदि केहू खुद के जिम्मेदार नागरिक मानेला तs परीक्षा के समय छात्रन के तनाव बढ़ावे के बजाय सकारात्मक माहौल बनावे में सहजोग करे।

नीट पुनर्परीक्षा काहे करावल जा रहल बा?

राष्ट्रीय परीक्षा एजेंसी (एनटीए) 3 मई के आयोजित नीट-यूजी 2026 परीक्षा के पेपर लीक के आरोप के बाद रद्द कs देले रहे। एकरा बाद केंद्र सरकार पूरा ममिला के जांच केंद्रीय अन्वेषण ब्यूरो (सीबीआई) के सउप देलस। जांच के बीच निष्पक्ष आ पारदर्शी तरीका से परीक्षा करावे खातिर पुनर्परीक्षा के फैसला लिहल गइल। अबकि बेर परीक्षा बेवस्था के आउर मजबूत बनावल गइल बा, ताकि कवनो तरे के गड़बड़ी ना हो सके।

परीक्षा खातिर कइल गइल बा खास तइयारी

नीट पुनर्परीक्षा खातिर देसभर में कड़ा सुरक्षा इंतजाम कइल गइल बा।

  • परीक्षा केंद्र पs सीसीटीवी निगरानी के बेवस्था बा।
  • अभ्यर्थियन के बायोमेट्रिक सत्यापन कइल जाई।
  • जिला प्रशासन के विशेष टीम तैनात कइल गइल बा।
  • एनटीए आ राज्य सरकार निष्पक्ष परीक्षा करावे के दावा कइले बा।

Read Also: World Yoga Day : पीएम मोदी कोलकाता में तs रक्षामंत्री राजनाथ सिंह मेघालय में कइलें योग, देखीं तस्वीर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-