Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

World Senior Citizens Day: 21 अगस्त के काहे मनावल जाला, विश्व वरिष्ठ नागरिक दिवस

आजु के दिन लोग अपना घर के बड़ लोग के बतावे के कोशिश करेला कि हमनी के माथा पs राउर हाथ केतना जरूरी बा अवुरी हमनी के एकरा से केतना सहज महसूस करतानी।

823

 

विश्व वरिष्ठ नागरिक दिवस के आयोजन कइल गइल। विश्व वरिष्ठ नागरिक दिवस हर साल 21 अगस्त के मनावल जाला। आजु के दिन घर के बुजुर्ग लोग के एहसास करावल जाला कि उ लोग हमनी पs बोझ नईखन। बल्कि जवना सुन्दर बगइचा में हमनी के खिलल बानी, ई माली ओकरा के पानी देके एतना सुन्दर बना देले बाड़े।

एह खास दिन पs ओह लोग के याद दिआवे के कोशिश कइल जाला कि ऊ लोग अपना लइकन के गोड़ पs खड़ा करावे में जतना मेहनत कइले बा, हमनी के चाहला पs भी ऊ कर्जा ना चुका सकेनी जा। आजु के दिन लोग अपना घर के बड़ लोग के बतावे के कोशिश करेला कि हमनी के माथा पs राउर हाथ केतना जरूरी बा अवुरी हमनी के एकरा से केतना सहज महसूस करतानी।

एकरा के 14 दिसंबर 1990 के मनावे के घोषणा भइल

संयुक्त राष्ट्र महासभा 14 दिसंबर 1990 के एह दिन के मनावे के घोषणा कइले रहे। एकरा संगे पहिला बेर 1 अक्टूबर 1991 के अंतर्राष्ट्रीय वरिष्ठ नागरिक दिवस मनावल गईल। अमेरिका में राष्ट्रपति रोनाल्ड रीगन 19 अगस्त 1988 के एह प्रस्ताव पs हस्ताक्षर कइलें आ 21 अगस्त 1988 के अमेरिका में पहिली बेर अंतर्राष्ट्रीय वरिष्ठ नागरिक दिवस मनावल गइल। जबकि रोनाल्ड रीगन पहिला व्यक्ति रहले जे वरिष्ठ नागरिक दिवस के शुरूआत कइले रहले।

अगर बुजुर्ग लोग के उपलब्ध सुविधा के बात करीं त हर देश के सरकार ओहिजा के सीनियर सिटीजन के विशेष ध्यान राखेले। एकरा संगे बुजुर्ग के पेंशन के भी इंतजाम कईल गईल बा ताकि उ केहु पs निर्भर ना रहस। जानकारी के मुताबिक 60 साल से ऊपर के हर नागरिक के सभ सरकारी सुविधा के हकदार बा।

 

 

 

 

 

 

 

628680cookie-checkWorld Senior Citizens Day: 21 अगस्त के काहे मनावल जाला, विश्व वरिष्ठ नागरिक दिवस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.