सेंट्रल डेस्क। जम्मू-कश्मीर के उरी क्षेत्र के कमलकोट इलाका में नियंत्रण रेखा (एलओसी) के लगे भइल एगो आकस्मिक विस्फोट में भारतीय सेना के दूगो जवान गंभीर रूप से घायल हो गइल रहे लो। मंगर के देर सांझ भइल एह घटना में घायल जवान बाद में इलाज के दौरान शहीद हो गइलें। ई हादसा ओह समय भइल जब दूनो जवान आपन ड्यूटी पs तैनात रहे लोग।
आधिकारिक सूत्रन के अनुसार, धमाका होखतही दूनो जवानन के गंभीर हालत में श्रीनगर के बादामीबाग इस्थित 92 बेस अस्पताल ले जाइल गइल। डॉक्टरन द्वारा जान बचावे खातिर हर संभव कोसिस कइल गइल, बाकिर चोट बहुत गंभीर होखला के कारण उनकर जान ना बचावल जा सकल। एह दुखद घटना के बाद जवानन के परिवार आ साथी सैनिकन में शोक के माहौल बा।
संवेदनशील इलाका में भइल हादसा
ई आकस्मिक विस्फोट एलओसी से सटल बेहद संवेदनशील कमलकोट इलाका में भइल। एह तरे के क्षेत्रन में अक्सर बारूदी सुरंग आ पुरान विस्फोटक सामग्री के खतरा बनल रहेला। विस्फोट के असली कारण का रहे, एह बात के जांच अभी जारी बा। सेना के अधिकारी पूरा घटना के हर पहलू के बारीकी से जांचत बा लोग।
एलओसी पs तैनात जवानन के रोजाना कइयन तरे के जोखिमन के सामना करे के पड़ेला। ई घटना एक बेर फेर सीमा पs तैनात सैनिकन के कठिन ड्यूटी आ बलिदान के इयाद दिला देलस।
शहीद जवानन के पहचान
शहीद जवानन के पहचान चव्हाण विक्रम बालकृष्ण आ अर्जुन जाधव राजेंद्र के रूप में भइल बा। चव्हाण विक्रम बालकृष्ण महाराष्ट्र के ऐरोली के निवासी रहलें। अर्जुन जाधव राजेंद्र महाराष्ट्र के सतारा जिला के कराड तहसील स्थित शाहपुर गांव के रहे वाला रहलें।
Read Also: Jammu Kashmir : उरी के कमलकोट में एलओसी के लगे धमाका, सेना के दूगो जवान शहीद








