[the_ad_group id="30365"]

छपरा में 3 घंटा खातिर बिजली आपूर्ति होई बाधित: सबेरे 9 से 12 बजे तक तार आ ट्रांसफॉर्मर के होई मरम्मत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा शहरी क्षेत्र में अतवार के पावर कट कइल जाये के बा। ई पावर कट 3 घंटा खातिर होई। सबेरे 9 बजे से 12 बजे तक पावर कट कइल जाई। छपरा शहर के धर्मनाथ जी मोहल्ला में धर्मनाथ फीडर में मरम्मत के काम कइल जा रहल बा। जवना कारण सबेरे 9 बजे से दुपहरिया 12 बजे तक 11KVA धर्मनाथ फीडर के विद्युत आपूर्ति बाधित रही। पावर कट होखे से भगवान बाजार के कुछ हिस्सन में बिजली 3 घंटा तक गुल रही।

बरसात में परेसानी ना होई 

बिजली विभाग द्वारा सब तरे के तार, ट्रांसफॉर्मर के मरम्मत के काम कइल जा रहल बा। जवना संदर्भ में धर्मनाथ जी फीडर में लागल सब तार आ ट्रांसफॉर्मर के मरम्मत कइल जाये के बा। जवना से बरसात में विद्युत उपभोक्तन के परेसानी के सामना ना करे के पड़े। नीयत समय के बाद बिजली बहाल कs दिहल जाई। पावर कट होखला से साढ़ा के आसपास मोहल्लन में बिजली गुल रही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]