[the_ad_group id="30365"]

छपरा में तीन घंटा के पावर कट: प्रभुनाथ नगर पावर सब स्टेशन में रही बिजली गुल, तार के मरम्मत के लेकर कइल जाई काम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा के तेलपा फीडर के पावर सब स्टेशन में तीन घंटा तक बुध के बिजली कट कइल जाये के बा। ई पावर कट सबेरे 10:30 बजे से लेके 01:30 बजे तक कइल जाई। प्रभुनाथ नगर पावर सब स्टेशन 132 केवीए में मेंटेनेंस के चलते पावर कट के निर्णय लिहल गइल बा। बढ़त लोड के बीच पावर सप्लाई में ट्रिप होखे के समस्या हो रहल बा। एकरा खातिर विद्युत विभाग निर्णय लेले बा। प्रभुनाथ नगर पावर प्लांट में बिजली काट के तार आ ट्रांसफार्मर के मेंटेनेंस कइल जाये के बा। एह दौरान छपरा शहरी क्षेत्र सहित रिविलगंज आ गड़खा के कुछ हिस्सन में बिजली गुल रही।

तारन के मरम्मत खातिर बिजली रही गुल

पावर कट के बारे में जानकारी देत कार्यपालक अभियंता आशीष कुमार बतवलें कि विद्युत तार पs भारी दबाव पड़ रहल बा। एसे बिजली ट्रिप होखे के समस्या हो रहल बा। उपभोक्तन द्वारा अलग-अलग इलेक्ट्रिक उपकरण के उपयोग कइल गइला से बिजली के इस्तेमाल जादे हो रहल बा। एकरा के धेयान में रखत सब तारन के मरम्मत कइल जाइल आ पावर सप्लाई बढ़ावल गइल अनिवार्य बा।

एकरा आलोक में बुध के सबेरे 10:30 बजे से दुपहरिया के 01:30 बजे तक कुछ क्षेत्रन में पावर सप्लाई बंद कs के सब तार या आउर उपकरण के मरम्मत कइल जाई। एसे भविष्य में कवनो बिजली संबंधित परेसानी ना खड़ा होई। 1:30 बजे के बाद बिजली फेर से चालू कs दिहल जाई। एह बीच सब उपभोक्तन के बिजली संबंधित काम संपादित कs लेवे खातिर निरदेस दिहल गइल बा।

मरम्मती के काम के लेके प्रभुनाथ नगर फीडर से संबंधित सब पावर स्टेशन के बिजली सप्लाई बाधित रही। पावर कट के दौरान उपभोक्तन के कवनो समस्या ना होखे एकरा खातिर विद्युत संबंधित काम निपटा लेवे के सलाह कार्यपालक अभियंता द्वारा दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]