[the_ad_group id="30365"]

छपरा के शहरी क्षेत्र में 9 घंटा रही पावर कट: रात 9 बजे से सबेरे 6 बजे तक गुल रही बिजली, मुहर्रम के लेके लिहल गया फैसला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा शहर में आज सनीचर के रात 9 घन्टा के पावर कट कइल जाई। मुहर्रम के लेके निकले वाला ताजिया जुलूस के मद्देनजर बिजली विभाग द्वारा पावर कट के निर्णय लिहल गइल बा। आज रात में 9 बजे से सबेरे 6 बजे तक पावर कट कइल जाई। अलग-अलग समय मे शहर के कइयन हिस्सन में पावर कट कइल जाई। ताजिया में निकले वाला जुलूस के अलग अलग मुहल्ला में निकालल जाई जवना के चलते अलग अलग समय पs अलग अलग मुहल्ला में बिजली बाधित रही।

छपरा शहरी क्षेत्र के दहियावा, नई बाजार, खनुआ, करीम चक आ अजायबगंज में मुख्य रूप से बिजली के कटौती कइल जाई। बिजली विभाग द्वारा अलग अलग मुहल्ला में कर्मचारी के तैनाती कइल गइल बा। जेकरा निरदेस पs बिजली के बाधित कइल जाई। ताजिया जुलूस खतम होखला के संगही बिजली बहाल कs दिहल जाई।

पावर कट के बारे में जानकरी देत एसडीओ बिजली धीरज सती बतवलें कि मुहर्रम में निकालल गइल जुलूस के लेके बिजली विभाग तत्पर आ सक्रिय बा। अलग-अलग क्षेत्रन टीम बनाके पावर के मॅनिटरिंग कइल जा रहल बा। पावर कट में मुख्य रूप से धर्मनाथ फीडर, ब्रह्मपुर फीडर, नागरपालिका फीडर, रौजा फीडर बा। संगही कवनो अनहोनी खातिर क्विक रिएक्शन टीम बनावल गइल बा। आपातकालीन परिस्थिति से निपटे खातिर ई टीम पूरा रात मुस्तैद रही। ताजिया जुलूस में अलग अलग तरे के ताजिया के भ्रमण करावाल जाला। जवना से बिलजी के तार में स्पर्श होखे के खतरा बनल रहेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]