[the_ad_group id="30365"]

दही खइले के बाद का नाहीं खाए के चाहीं? ई 5 चीज सेहत खातीर हो सकेला हानिकारक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दही स्वास्थ्य खातिर बहुत फायदेमंद होखेला, आयुर्वेद में दही के पेट से जुड़ल बेमारी के ठीक करेवाला अवुरी पाचन तंत्र में सुधार करेवाला खाना मानल जाला। खास तौर पs गरमी में दही के सेवन से शरीर ठंडा रहेला अवुरी पाचन क्षमता मजबूत होखेला। दही खइला से शरीर में कैल्शियम अवुरी विटामिन मिलेला। जवना के चलते हड्डी मजबूत हो जाला। दही में विटामिन बी 12, प्रोबायोटिक, पोटेशियम, मैग्नीशियम, कैल्शियम अवुरी प्रोटीन जईसन पोषक तत्व होखेला जवन कि शरीर खाती फायदेमंद होखेला। लेकिन का रऊवा जानतानी कि कुछ चीज़ में दही मिला के खईला से चाहे दही खईला के बाद खईला से स्वास्थ्य के नुकसान हो सकता। कई बेर जानबूझ के भा अनजाने में लोग दही के संगे अयीसन चीज़ खाला जवन कि शरीर खातीर नुकसानदेह साबित होखेला। जानीं दही खइला के बाद का ना खाए के चाहीं?

दही के संगे आ बाद में का नाहीं खाए के चाहीं चाहीं?

•दूध भा ओकरा से बनल चीज दही से – आयुर्वेद में दूध भा ओकरा से बनल चीज दही के साथे ना खाए के चाहीं। कुछ लोग दही के संगे खीर चाहे दूध पीयेले, जवन कि नुकसानदेह साबित हो सकता। आयुर्वेद में दही आ दूध के एक संगे सेवन वर्जित मानल जाला। मानल जाला कि दही हल्का आ आसानी से पचे वाला भोजन होला जबकि दूध भारी होला। दुनो के एक संगे सेवन से गैस, एसिडिटी, पेट फूलल अवुरी पाचन में समस्या हो सकता।

दही के साथे आम– गरमी में लोग अपना भोजन में दही खाला आ ओकरा बाद आम काट के खाला। लेकिन एs दुनो चीज़ के एक संगे खईला से आपके नुकसान हो सकता। आम के दही के संगे सेवन ना करे के चाही। आम गरम प्रकृति के होला आ दही ठंडा प्रकृति के होला। दुनो के एक संगे सेवन से शरीर में विषाक्त पदार्थ पैदा हो सकता। अयीसन कईला से पाचन अवुरी त्वचा से जुड़ल समस्या हो सकता।

दही वाला मछरी- कुछ लोग मछरी बनावे के समय टमाटर के जगह दही के इस्तेमाल करेले, लेकिन अयीसन कईल सेहत खातीर ठीक नईखे। दही के संगे मछरी खईला से नुकसान हो सकता। एकरा चलते पेट में दरद, अपच, गैस अवुरी उल्टी हो सकता। एह से मछरी दही के संगे भा दही के बाद ना खाए के चाही।

दही के साथ प्याज– दही आ प्याज के संयोजन भी आयुर्वेद में बढ़िया ना मानल जाला। कुछ लोग खाना में प्याज खाला अवुरी ओकरा संगे दही भी खाला, इs दुनो चीज़ नुकसान पहुंचा सकता। दही में प्याज मिला के खाइल भी ठीक नइखे। एकरा से एलर्जी, गैस के समस्या चाहे उल्टी हो सकता।

•दही के साथ केला– केला दूध के साथ खाइल जाला आ कुछ लोग दही के साथ केला भी खाला। कई बेर लोग फल के रायता तइयार कs के खाला जवना में केला के इस्तेमाल होखेला। लेकिन आयुर्वेद में दही आ केला के एक संगे खाइल सही ना मानल जाला। एकरा से स्वास्थ्य पs बहुत बुरा असर पड़ सकता। दही खइला के लगभग 2 घंटा बाद ही फल खाए के चाहीं।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]