[the_ad_group id="30365"]

कोविशील्ड लगवावे वालन के अब डेरइला के जरूरत नइखे, केजीएमयू शोध पत्रन के अध्ययन कs के जारी कइलस रिपोर्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केजीएमयू के न्यूरोलॉजी विभाग कोविशील्ड वैक्सीन के दुष्प्रभाव के लेके देसभर के शोध पत्रन के अध्ययन कs  के रिपोर्ट जारी कइले बा। न्यूरोलॉजी इंडिया में प्रकाशित रिपोर्ट के मोताबिक ई वैक्सीन लगवावे वालन के अब दु साल बाद ब्लड क्लाटिंग, दिल के दौरा पड़े आ न्यूरो से संबंधित बेमारियन के आशंका न के बराबर बा।

वैक्सीन लगला के दु हफ्ता के भीतरी देसभर में करोड़न लोगन में से मात्र 136 लोगन के कुछ परेसानी भइल रहे। केजीएमयू न्यूरोलॉजी विभाग के प्रमुख डॉ. आरके गर्ग के निर्देशन में ई अध्ययन कइल गइल।

डॉ. गर्ग बतवलें कि जून 2022 तक 1,97,34,08,500 कोविड वैक्सीन के डोज लगावल गइल रहे। एमे जादेतर लोगन के कोविशील्ड वैक्सीन लागल रहे। वैक्सीन के दुष्प्रभाव पs प्रकाशित शोध पत्रन के विभाग के डॉ. हरदीप सिंह मल्होत्रा, डॉ. इमरान रिजवी आ डॉ. बालेंद्र प्रताप सिंह आदि अध्ययन कइल लो।

डॉ. गर्ग बतवलें कि कुल 136 मरीजन में दिक्कत सामने आइल रहे। एमे 10 मरीजन के दिमाग में खून के थक्का जमे के शिकायत मिलल रहे। हरपीज के सबसे जादे 31 ममिला मिलल रहे। मस्तिष्क आ स्पाइन कॉर्ड में सूजन आउर फंक्शनल न्यूरोलॉजिकल डिसआर्डर के ममिलो रहे।

दिल्ली, यूपी, पश्चिम बंगाल आ केरल से जादे ममिला सामने आइल रहे। ई समस्या वैक्सीन लगववला के दु हफ्ता  के भीतरी के हs। दु साल बाद वैक्सीन के दुष्प्रभाव के आशंका बहुते कम बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]