Lifestyle: रोज 4 घंटा के एक्टिविटी से दूर होई शुगर आ बीपी के बीमारी

By Anurag Ranjan

Published on: May 2, 2024

  जीवन चलते रहले के नाम हs। वक्त के पहिया रूकल तs समझि कुदरत के निज़ाम बिगड़ल बा। फेर तs इंसान पs ई फलसफा लागू होत रहीं। बिल्कुल सही समझनी आप, अगर लोग दिनभर कुछु

Share

 

जीवन चलते रहले के नाम हs। वक्त के पहिया रूकल तs समझि कुदरत के निज़ाम बिगड़ल बा। फेर तs इंसान पs ई फलसफा लागू होत रहीं। बिल्कुल सही समझनी आप, अगर लोग दिनभर कुछु नाहीं करींहे तs ब‌इठे बिठाये शरीर के रोगन के घर बना लीं। ओहीं अगर बॉडी के फिज़िकली एक्टिव रखब तs हार्ट, लंग्स, लिवर, किडनी सब हेल्दी रहीं आ बीमारी पास भी नाहीं फटकीं। ऑस्ट्रेलिया के स्वीनबर्न यूनिवर्सिटी ऑफ टेक्नॉलॉजी में भ‌इल एगो रिसर्च के मुताबिक, जवन लोग एगो पर्टिकुलर वक्त ले दिन में 4 घंटा फिजिकली एक्टिव रहीहें ओकरे मुकाबले दूसर ग्रुप जवन अइसन नाहीं क‌इल ओमे 30% लोग शुगर-बीपी के शिकार पा‌वल ग‌इल।

इहवां फिजिकली एक्टिव होखले के मतलब खाली हाई इंटेसिटी वाला एक्सरसाइज़ नाहीं हs। दिनभर में चलल, खाना बनावल, साफ सफाई ज‌इसन रोज़मर्रा के सजौ काम एमें शामिल बा। तनी सोचिं बिना कवनो एक्स्ट्रा मेहनत क‌इले आप अपने रुटीन के काम अगर क‌s लेब तs डायबिटीज ज‌इसे घातक बीमारी से काफी हद तक बच जाएब.

व‌इसे ए वक्त दुनिया में 50 करोड़ से ढेर शुगर के मरीज़ बाड़े। बात भारत के करीं तs 10 करोड़ से ढेर शुगर पेशेट्स बाड़े आ करीब करीब 10 करोड़ ही प्री डायबिटिक, जेके बॉर्डर लाइन पs रोके कs ज़रूरत बा। अइसन लोगन के दिन में कम से कम 4 घंटा फिज़िकली एक्टिव रहे के होई आ साथे में कुछ हेल्दी आदतन अपनावे के होंई।

अच्छा आदतन से कम होई डायबिटीज के खतरा 

•प्रॉपर नींद

•हेल्दी खानपान

•रेगुलर फिज़िकल एक्टिविटी

•स्ट्रेस ना लेंईं

•अकेलेपन से बचीं

•नॉर्मल शुगर लेवल

•ख‌इले के पहिले(100 से कम)

•ख‌इले के बाद (140 से कम)

प्री-डायबिटीज

खाए से पहिले  (100-125 mg/dl)

ख‌इले के बाद   (140-199 mg/dl)

डायबिटीज

ख‌इले से पहिले (125 से ढेर mg/dl)

ख‌इले के बाद  ( 200 से ढेर mg/dl)

डायबिटीज के लक्षण 

•ढेर प्यास लागल

•वजन घटलs

•धुंधला ल‌उकल

•ढेर यूरिन आवलs

• कपार दरद

•घाव ना भर

•कमजोरी

WHO के मुताबिक चीनी केतना खाई?

•1 दिन में 5 ग्राम से

ढेर चीनी ना खाईं

•5 ग्राम यानि 1 चम्मच

•सफेद चावल से

डायबिटीज़ के रिस्क

•20% ढेर

डायबिटीज के खतरा

डायबिटीज के वजह 

•तनाव

•बेवक्त खाना

•जंकफूड

•पानी कम पीअल

•वक्त पs ना सुतल

•वर्कआउट ना क‌रल

•मोटापा

•जेनेटिक शुगर होई कंट्रोल आजमाइ ई उपाय

•खीरा-करेला टमाटर के जूस

•गिलोय के काढ़ा पी

•मेथी पाउडर 1 चम्मच खाई

•2 कली लहसुन खाई

गोभी, करेला आ लौकी खाई

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.