[the_ad_group id="30365"]

बंगाल राज्यपाल पs छेड़छाड़ के आरोप: पुलिस ममिला के लेके सुरू कइलस जांच, जानीं काहे ना कइल गइल केस दर्ज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पश्चिम बंगाल के राज्यपाल डॉ. सीवी आनंद बोस के खिलाफ एगो महिला छेड़छाड़ के आरोप लगवले बाड़ी। एहपर विवाद गहरात जा रहल बा। ममिला में राजनीतिक हलचल बढ़ गइल बा। एह बीच, पुलिस आरोपन के जांच सुरू कs देले बिया।

जांच टीम के गठन

कोलकाता पुलिस के सेंट्रल डिवीजन के डिप्टी कमिश्नर (डीसी) इंदिरा मुखर्जी कहली, ‘राज्यपाल के खिलाफ छेड़छाड़ के ममिला सामने आइल बा। एह ममिला में एगो जांच टीम के गठन कइल गइल बा। हम अगिला कुछ दिनन में कुछ संभावित गवाहन से बात कs सकेम। संगही सीसीटीवी फुटेज खातिर अनुरोध कइल गइल बा।’

ई बा ममिला

कोलकाता के राजभवन में एगो संविदा कर्मचारी पश्चिम बंगाल के राज्यपाल सीवी आनंद बोस के खिलाफ यौन उत्पीड़न के आरोप लगवले बाड़ें। ऊ बियफे के सांझ कोलकाता के हरे स्ट्रीट पुलिस स्टेशन में शिकायत दर्ज करवले बाड़ी। उनकर दावा बा कि राज्यपाल उनका संगे दु बेर छेड़खानी कइलें। पहिला बेर 24 अप्रिल के फेर बियफे के सांझ के।

महिला के आरोप बा कि राज्यपाल उनका के बायोडाटा के संगे राजभवन इस्थित अपना चेंबर में आवे के कहले रहस, जहां उनका संगे छेड़खानी कइल गइल। ऊ पहिले राजभवन में इस्थित आउटपोस्ट में तैनात पुलिसकर्मियन से एकर शिकायत कइली। उहां से उनका के थाना में जाये के कहल गइल। पुलिस के ओर से महिला के परिचय गोपनीय रखले गइल बा। पता चलल बा कि महिला 2019 से राजभवन में अस्थायी रूप से कार्यरत बा। ऊ राजभवन परिसर में इस्थित हॉस्टल में रहेली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]