[the_ad_group id="30365"]

मनीषा रानी सुनवली फराह खान के दुखड़ा, कहली ‘क‌इसन लोग हई रउरा…’

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बिग बॉस फेम मनीषा रानी कबो एल्विश यादव संगे चलत रहे विवाद तs कबो अभिषेक मल्हान के साथे क‌इल ग‌इल मस्ती के वजह से हमेशा लाइमलाइट में बनल रहेली । सलमान खान के शो ‘बिग बॉस ओटीटी 2’ से बहरे अवते एक्ट्रेस के किस्मत बदल ग‌इल। आजू मनीषा रानी कवनो पहचान के मोहताज नाहीं बाड़ी, बाकिर आज उs जवने मुकाम पs बाड़ी। ओकरे खातिर उनकर अपने जिदंगी में कई गो  चुनौति के समाना करे के पड़ल आ आजू उs एगो सोशल मीडिया इन्फ्लुएंसर से बॉलीवुड स्टार बन ग‌इली एs बीच फराह खान आ मनीषा रानी के एगो वीडियो सामने आ‌इल , जेमें दुनों एगो आंदोलन के लेकर बात करत दिखाई देत बाड़ी।

मनीषा रानी-फराह खान सुरू क‌इली आंदोलन

फराह खान आ मनीषा रानी दूनों एक-दूसरा के साथे बहुत अच्छा बॉन्ड शेयर करत बाड़ी जवन एs वीडियो में साफ तौर पs दिखाई देत बा। वायरल वीडियो में फराह खान परेशान दिखाई देत बाड़ी तs ओहीं मनीषा रानी उनकर दुख लोगन के सुनावत दिखाई देत बाड़ी। एs वीडियो में उs खाना के डिब्बा के बारे में बात करत बाड़ी। रील के शेयर करत बॉलीवुड के मशहूर कोरियोग्राफर लिखली, ‘शायद तु इनकर बात सुन लs!! @manisharani002 #dabbawapasiAndolan मनीषा हमार दुखड़ा सुनावत बाड़ी … हाहाहाहाहहा।’

फराह खान के खातिर मनीषा रानी के ई मांग

मनीषा रानी वीडियो मे कहली, ‘क‌इसन लोग बा रउरा खाना के के डिब्बो वापस नाहीं करेलें. प्लीज जे हs उs वापस क‌s दs यार… खाली डिब्बे देद… हमार डब्बा वापस कर, हमार डब्बा वापस कर…’ दुनों मिल के एs वीडियो में जोर-जोर से चिल्लात अपील करत दिखाई देत बाड़े कि जेकरे पास डिब्बा हो उs वापस क‌s दे। ई फनी वीडियो लोगन के बहुत पसंद आवत बा।

मनीषा रानी के बारे में

मोस्ट पॉपुलर इन्फ्लुएंसर मनीषा रानी सोशल मीडिया स्टार हई। इंस्टाग्राम आ यूट्यूब पs उनकर बहुत बड़हन फैन फॉलोइंग बा। उs 2023 में रियलिटी शो ‘बिग बॉस ओटीटी 2’ में देखल ग‌इल रहै। ओहीं मनीषा रानी ‘झलक दिखला जा’ के 11वें सीजन में बतौर वाइल्ड कार्ड कंटेस्टेंट एंट्री लेहली. आ एs सीजन के विनर बन के इतिहास रच दिहली।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]