[the_ad_group id="30365"]

Shani Dosh: शनि कमजोर होले पs व्यक्ति के सामना करे के पड़ता मुश्किल के सामना, शनि दोष के कम करे के उपाय

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

अगर कुंडली में शनि कमजोर बा तs शनि दोष होला जवना के चलते ओह व्यक्ति के जीवन में बहुत समस्या आवे लागेला। शनि दोष के होखला पs बहुत लक्षण देखाई देवे लागेला, ओ संकेत के जान के आप शनि दोष से छुटकारा पा सकतानी।

शनि दोष के लक्षण

*अगर कुंडली में शनि दोष बाड़े तs ओह आदमी के पइसा आ संपत्ति धीरे-धीरे बेवजह काम में खरच होखे लागेला।

*शनि दोष के चलते बहस के स्थिति पैदा हो जाला अवुरी ओ आदमी पs झूठा आरोप लगावल जाला। एकरा अलावे कोर्ट केस भी बनावल जाला।

*शराब, जुआ अवुरी बाकी खराब आदत के चलते भी शनि दोष होखेला।

*हो रहल काम में बाधा, कर्जा के बोझ, घर में आग, घर के बिक्री भा ओकर कवनो हिस्सा टूटल आदि के भी शनि दोष के लक्षण मानल जाला।

*अगर आदमी के कुंडली में शनि दोष होखे तs ओह आदमी के बाल समय से पहिले गिर जाए लागेला, आंख के नुकसान होखे लागेला अवुरी कान में दरद होखे लागेला।

*खराब शनि के चलते शारीरिक कमजोरी, पेट दरद, टीबी, कैंसर, त्वचा के बेमारी, फ्रैक्चर, लकवा, सर्दी, दमा आदि जईसन बेमारी होखेला।

*अगर केहू के शनि खराब बा तs ओकरा मेहनत के नतीजा ना मिलेला। नौकरी में दिक्कत होला आ घर में छोट-छोट बात पs झगड़ा होला.

शनि दोष के कइसे सुधारल जाला?

*शनि साढ़ेसाती, ढैय्या जइसन शनि दोष से छुटकारा पावे खातिर शनिचर के दिने करिया तिल, करिया कपड़ा, करिया उराद दाल, तेल, जूता-चप्पल, गुड़ आ करिया रंग के चीनी दान करीं. एह सब चीजन के एगो गरीब आ जरूरतमंद आदमी के दान करके शनि दोष ठीक हो जाला।

*शनि दोष से छुटकारा पावे खातिर रोज हनुमान चालीसा के पाठ करीं। एकरा अलावे शनिवार के शनि देव के बजरंबली के भी पूजा करी।

*शनिचर के सूर्योदय से पहिले पीपल के पेड़ के पूजा करीं। पीपल के पेड़ के पानी चढ़ावे के बाद तेल के दीप जरा के। अयीसन कईला से शनि देव के आशीर्वाद मिलेला, जवन कि सभ दोष से मुक्त कs देवेला।

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]