[the_ad_group id="30365"]

Yoga: हाई बीपी के कंट्रोल करे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

आजकल करोड़ों लोग हाई ब्लड प्रेशर के समस्या से परेशान बाड़े। कई बेर तs महीनन से लोग के एहसास तक ना होखेला कि उs हाई ब्लड प्रेशर के शिकार हो गईल बाड़े। जब तक हाई बीपी के लक्षण समझल जाला, तब तक बहुत बेमारी शरीर में आपन घर बना लेले। हाई ब्लड प्रेशर के ‘साइलेंट किलर’ भी कहल जाला। हाई बीपी के मरीज किडनी अवुरी दिल से जुड़ल गंभीर बेमारी से डेराएले। अगर रउआ हाई बीपी के समस्या से छुटकारा पावल चाहत बानी तs योग के अपना रोजमर्रा के दिनचर्या में शामिल करीं। इहाँ हम रउआ के अइसन 3 गो योगासन बतावत बानी जवन राउर ब्लड प्रेशर (High BP) के काबू में राखी।

शवासन

योग में शवासन सबसे आसान होखेला, काहेंकी एs आसन के करे खातीर बस शांत दिमाग से जमीन पs लेट जाए के पड़ेला। शवासन ब्लड प्रेशर कम करे में मदद करेला अवुरी सिरदर्द अवुरी थकान से भी राहत देवेला।

बालासन

बालासन योग के बाल मुद्रा भी कहल जाला। उच्च रक्तचाप के मरीज के रोज बालासना के अभ्यास करे के चाही। अयीसन कईला से शरीर में खून के संचार में सुधार होखेला अवुरी तनाव भी कम हो जाला। बालासना कइला से गर्दन आ कंधा के समस्या भी कम हो जाला।

भुजंगासन

शरीर में खून आ ऑक्सीजन के संचार में सुधार खातिर रोज भुजंगासन के अभ्यास करीं। एह आसन के कइला से हाई ब्लड प्रेशर काबू में रहेला। भुजंगासन कइला से घुटना भी मजबूत हो जाला।

(ई लेख सामान्य जानकारी खातिर बा, कवनो उपाय अपनावे से पहिले डॉक्टर से सलाह लीं)

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]