[the_ad_group id="30365"]

मसूरी-देहरादून हाईवे पs खाई में गिरल कार, सभ 6 लोगन के भइल दर्दनाक मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

 

शहर में आजु सबेरे भइल एगो दुखद सड़क दुर्घटना में 6 लोग के मउत के मामिला सामने आइल बा। ई हादसा शनिचर के सबेरे देहरादून-मसूरी रोड पs भइल. ई हादसा मसूरी-देहरादून रोड के चूनाखाल के लगे भइल जब एगो कार बेकाबू होके गहिरा खाई में गिर गइल. बतावल जाता कि गाड़ी में 6 लोग रहले,जवना में सभ 6 लोग के मउत हो गईल। मरेवाला लोग में कार में सफर करत चार युवक अवुरी दु लईकी शामिल बाड़ी।ई सब लोग घूमे आइल रहे। फिलहाल पुलिस, फायर सर्विस अवुरी एसडीआरएफ बचाव के काम में लागल बा।

बता दीं कि ई सब 6 लोग राजपुर रोड पs स्थित एगो कॉलेज में पढ़त रहे। सब के दोस्त कहल जाला। एहमें 4 गो नवही आ 2 गो लइकी मसूरी घूमे गइल रहली. एही बीच शनिचर के सबेरे जब इs लोग मसूरी से देहरादून लवटत रहले तs इs हादसा चूनाखाल के नजदीक भईल। अचानक उनुकर गाड़ी बेकाबू होके गहिरा खाई में गिर गईल, जवना के चलते पांच लोग के मौका पs मउत हो गईल। दुर्घटना में घाही एगो लईकी के अस्पताल में भर्ती करावल गईल, जवना के बाद में ओकर मउत हो गईल।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]