[the_ad_group id="30365"]

गंगा, ब्रह्मपुत्र नदी में पानी के बहाव कम हो सकेला , पाकिस्तान बने के खतरा, संयुक्त राष्ट्र भारत के दिहलस चेतावनी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गंगा, ब्रह्मपुत्र नदी में पानी के बहाव कम हो सकेला , पाकिस्तान बने के खतरा, संयुक्त राष्ट्र भारत के दिहलस चेतावनी

संयुक्त राष्ट्र प्रमुख भारत गंगा ब्रह्मपुत्र : संयुक्त राष्ट्र महासचिव एंतोनियो गुतारेस नदी के पानी के स्तर कम के बारे में भारत के चेतावनी देले बाड़े। एंतोनियो गुतारेस कहले कि ग्लोबल वार्मिंग के चलते सिंधु, गंगा अउरी ब्रह्मपुत्र जईसन बहुत महत्वपूर्ण नदी के पानी के बहाव कम होता। एकरा चलते पाकिस्तान जईसन स्थिति के खतरा बा।

संयुक्त राष्ट्र : उत्तर भारत के जीवन रेखा कहल जाए वाली सिंधु, गंगा, ब्रह्मपुत्र नदी के लेके संयुक्त राष्ट्र गंभीर चेतावनी देले बा। संयुक्त राष्ट्र महासचिव एंतोनियो गुतारेस चेतवले बाड़न कि ग्लोबल वार्मिंग के चलते ग्लेशियर पीछे हटला से आवे वाला दशकन में भारत खातिर बहुते जरूरी हिमालय के प्रमुख नदी जइसे कि सिंधु, गंगा आ ब्रह्मपुत्र में पानी के बहाव कम हो सकेला| गुतारेस बुध के दिने ‘इंटरनेशनल ईयर ऑफ ग्लेशियर प्रिजर्वेशन’’ पे आयोजित एगो कार्यक्रम में ई बयान दिहलन उ पाकिस्तान जईसन बाढ़ के चेतावनी देले|

एशिया के 10 गो प्रमुख नदी सभ के उत्पत्ती हिमालयी इलाका से होला जे एकरे जलबिभाजन में रहे वाला 1.3 बिलियन लोग के पानी के आपूर्ति करे लीं। गुतारेस कहले कि, “जईसे-जईसे आवे वाला दशक में ग्लेशियर अउरी बर्फ के चादर में गिरावट आई, ओसही हिमालय के प्रमुख नदी जईसे सिंधु, गंगा अउरी ब्रह्मपुत्र में पानी के बहाव में कमी के असर देखाई दिही।” देखले बानी कि पाकिस्तान में बाढ़ के स्थिति कईसे खराब हो गईल बा, जवना के चलते… हिमालय पे बर्फ के पिघलल। एकरा संगे-संगे समुद्र के तल बढ़ला अउरी खारा पानी के प्रवेश से ए विशाल ‘डेल्टा’ के बड़ हिस्सा नष्ट हो जाई।

 

ई आयोजन संयुक्त राष्ट्र 2023 के जल सम्मेलन के किनारा में भइल रहे। जल सम्मेलन में औपचारिक रूप से संयुक्त राष्ट्र के जल आ स्वच्छता पे कार्रवाई खातिर दशक (2018-2028) में होखे वाला काम के मध्यावधि समीक्षा शुरू कइल गइल। ई सम्मेलन अबहियो संयुक्त राष्ट्र मुख्यालय में चलत बा| ताजिकिस्तान आ नीदरलैंड एकर मेजबानी करत बाड़े| 22 से 24 मार्च ले चले वाला एह सम्मेलन से जवन कुछ निकली ओकरा के संयुक्त राष्ट्र के सतत विकास पे होखे वाला उच्च स्तरीय राजनीतिक मंच के 2023 के सत्र में शामिल कइल जाई|

साभार- नवभारत टाइम्स

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]