[the_ad_group id="30365"]

सांझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: बिहार में महंगा हो गइल बिजली.. 24.10% के बढ़न्ती; 100 यूनिट पs डेढ़ सौ रुपिया जादे देवे के होई; ऊर्जा मंत्री बोललें – बढ़ल टैरिफ पs सरकार विचार करी।
  2. बिहार: मनीष कश्यप के मुश्किल आउर बढ़ल; EOU के 3 दिन के रिमांड आउर मिलल; तमिलनाडु पुलिसो 15 दिन के मंगलस 15 दिन के ट्रांजिट रिमांड।
  3. उत्तर प्रदेश: वाराणसी के मिली देस के पहिला अर्बन ट्रांसपोर्ट रोप-वे; 644 करोड़ से बनी। वाराणसी से गौदौलिया तक 3.8 किमी होई एकर लंबाई।
  4. उत्तर प्रदेश: उमेश पाल हत्याकांड; लल्ला से अशरफ के राज उगलवाई SIT? कोर्ट से मंगलस तीन दिन के रिमांड, 27 के होई सुनवाई।
  5. झारखंड: झारखंड नियोजन नीति के विरोध में बवाल; विधानसभा घेरे जा रहल युवा लोगन पs लाठीचार्ज, आंसू गैस के गोला दागल गइल, छात्र नेता जयराम हिरासत में।
  6. मानहानि केस में राहुल गांधी के 2 साल के सजा: सूरत कोर्ट से जमानत मिलल, 2019 में कहलें रहस- सब चोरन के सरनेम मोदी काहे।
  7. मुंबई में BMC माहिम बीच से दरगाह हटवलस: राज ठाकरे कहले रहस- अवैध दरगाह ना तुड़ल गइल तs लगही गणपति मंदिर बनाएम। कोस्टल रेगुलगेशन एक्ट के चलते हटावल गइल दरगाह: मंत्री दीपक केसरकर
  8. भाजपा 4 राज्यन में प्रदेश अध्यक्ष बदललस: राजस्थान में सीपी जोशी चीफ, इहां एही साल चुनाव; बिहार में सम्राट चौधरी के कमान। दिल्ली के कमान कार्यकारी अध्यक्ष रहल वीरेंद्र सचदेवा के, ओडिशा में मनमोहन सावल के कमान मिलल।
  9. इजराइली पीएम के अब सुप्रीम कोर्ट तक ना हटा सकी: नेतन्याहू के खिलाफ करप्शन केस में फैसला से पहिले बिल पास, विपक्ष बोलल- तानाशाही। पीएम नेतन्याहू पs चल रहल बा 3 करप्शन केस।
  10. नीतू घंघास वर्ल्ड बॉक्सिंग के फाइनल में पहुंचली: सेमीफाइनल में मवजूदा एशियाई चैंपियन कजाकिस्तान के बाल्किबेकोवा के हरवली।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]