[the_ad_group id="30365"]

पिकअप की चपेट में अइला से जुवक के मौत: ग्रामीण लोग छपरा-पटना मुख्य मार्ग के जाम कइल, आगजनियो कइल लो

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा नगर थाना अंतर्गत रोजा पोखरा स्थित छपरा पटना मुख्य मार्ग प अनियंत्रित पिकअप के चपेट में अइला से काल्ह दुपहरिया ले एगो जुवक बुरी तरह से जख्मी हो गइल। पटना पीएमसीएच मे इलाज के दौरान ओकर मौत हो गइल। एकरा बाद पोस्टमार्टम करावल गइला के बाद परिजन आज साँझ के शव लेकर छपरा रोजा पहुंचल लो ।

एकरा के देख आक्रोशित ग्रामीण लोग मुख्य मार्ग के जाम क के आगजनी क दिहल लो आ प्रशासन के खिलाफ नारेबाजी कइल शुरू क दिहल लो। घटना के संदर्भ में बतावल जात बा कि छपरा रोजा निवासी आशीष कुमार सोनी पिता प्रमोद कुमार सोनी छपरा से अपना घरे जात रहे एही दौरान एगो पिकअप तेज गति से चलल आवत रहे जवन रोजा पटना छपरा मुख्य मार्ग प अनियंत्रित होके जुवक के चपेट में ले लेलस, जवना से ऊ बुरा तरे से घायल हो गइल।

एकरा बाद स्थानीय लोगन के मदद से काल्ह दुपहरिये दोपहर में छपरा सदर अस्पताल पहुंचावल गइल जहां चिकित्सकन के द्वारा ओकरा के पटना पीएमसीएच रेफर क दिहल गइल। रात में इलाज के दौरान पटना में ओकर मौत हो गइल। एकरा बाद परिजनन के रो रो के बुरा हाल हो गइल। पटना में पोस्टमार्टम करावल गइला के बाद आज साँझ के शव के लेके जब छपरा गांव पहुंचल लो त ग्रामीण आक्रोशित हो गइल लो। बीच सड़क प शव के रखके मुख्य मार्ग को प्रभावित क दिहल लो, जवना से देखते देखत दुनो तरफ वाहनन के लमहर कतार लाग गइल।

लोगन के कहनाम बा कि आशीष कुमार सोनी के बाबूजी साइकिल प मच्छरदानी बेचे के काम करेले आ उनकर एकमात्र सहारा उनकार लईके रहे। उनकर दु गो छोट लईका आ एगो बेटी बिया। ओह लोगन के भरण-पोषण कइसे चली एकरा खातिर ओह परिवार के प्रशासन के तरफ से आर्थिक मदद दिहल जाव आ संगही पिकअप वाहन के जब्त कइल जाव आ चालक के गिरफ्तार कइल जाव जवना के लेके घंटन सड़क प ग्रामीणन के द्वारा आगजनी कइल गइल जवना के देखत नगर थाना अध्यक्ष अपना दल बल के संगे घटनास्थल प पहुंचके लोगन के समझा के जाम के हटवले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]