[the_ad_group id="30365"]

मध्यप्रदेश में भीषण सड़क हादसा: बैतूल में बस अउर कार में भइल टक्कर, 11 लोग के मौत, एगो गंभीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मध्यप्रदेश में बियफ़े देर रात एक भीषण सड़क हादसा में 11 लोग के मौत हो गइल, जबकि एगो व्यक्ति गंभीर बा। हादसा बैतूल जिला के झाल्लर थाना के पास भइल। देर रात एक बस अउर कार के टक्कर में 11 लोग मौत हो गइल। घायल व्यक्ति के अस्पताल में भर्ती करावल गई बा। मरे वालन में पांच पुरुष, चार महिला अउर दू बच्चे शामिल बानें। बैतूल एसपी सिमला प्रसाद हादसा के जानकारी दीहलें।

बतावल जा रहल बा कि कार में सवार सब लोग महाराष्ट्र के अमरावती से अपने घर जात रहलें, तब्बे रास्ते में टवेरा कार चालक के झपकी आ गइल अउर कार सामने से आ रहल बस में जा घुसल। हादसा में कार के परखच्चे उड़ गइल बा। कार के तस्वीर देखकर अंदाजा लगावल जा सकsता कि दुर्घटना काफी भयावह रहल होई।

फिलहाल हादसा में जान गंवाने वाले प्रदेश के रहलें आकि कहीं अउर के, ई जानकारी सामने नाइ आइल बा। बता देईं, एसे ठीक दू दिन पहिलही मंगर के मुरैना जिला में भी एक दर्दनाक सड़क हादसा भइल रहे। डंपर अउर बोलेरो के भिड़ंत में पांच लोग के मौत हो गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]