[the_ad_group id="30365"]

हाथरस: 11 गाड़ियन के आपस में भइल टक्कर, 25 लोग घायल, जीटी रोड पर लागल लमहर जाम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हाथरस के सिकंदराराऊ क्षेत्र में जीटी रोड पर सिकंदराराऊ से 3 किलोमीटर आगे टाटा वर्कशॉप के सोझे रात 11:00 बजे एक ट्रक अनियंत्रित हो के दूसरे वाहन से भिड़ गइल। एकरे बाद पीछे आ रहल वाहन आपस में टकरात गइलें। एह प्रकार 11 वाहन आपस में एक दूसरे से टकरा गइल।
एमें ट्रक मेटाडोर अउर छोट चार पहिया वाहन भी शामिल रहल। एतना गाड़ियन के आपस में भिड़ले से जीटी रोड पर हड़कंप मच गइल। मौका पर कोतवाली पुलिस पहुंच गइल।

कई गाड़ी साइड में जाकर के पलट गइल अउर कई गाड़ियन के परखच्चा उड़ गइल। एह हादसा में करीब  25 लोग घायल हो गइलें। घायलन में 7 के तत्काल सीएचसी ले जाइल गइल। दुर्घटना के बाद जीटी रोड पर लमहर जाम लग गइल। 3 घंटे बाद पुलिस दुर्घटनाग्रस्त क्षतिग्रस्त गाड़ी हटवा कर जाम खुलववलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]