Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Vicky Kaushal: सैम बहादुर से सामने आइल विक्की कौशल के फर्स्ट लुक, लुक्स से बटोरले सुर्खी

फिल्म के नया पोस्टर बहुते आकर्षक बा। प्रशंसक पहिलही से एह फिलिम के रिलीज के इंतजार करत बाड़े। ई फिलिम मेघना गुलजार के निर्देशन में बनल बा। ‘राजी’ के बाद ई दूसरका फिलिम बा जवना में दुनु जने काम कइले बाड़न। फिल्म के कहानी भारत के पहिला फील्ड मार्शल सैम मानेकशॉ के जीवन पs आधारित बा।

1,823

 

 

विक्की कौशल आपन अभिनय कौशल खातिर जानल जालें आ अपना करियर में बेहतरीन फिलिम कइले बाड़न। उनकर अधिकतर फिलिम लोग के बहुते नीक लागेला। हाल ही में उनकर फिल्म “द ग्रेट इंडियन फैमिली” रिलीज भइल बा, हालांकि ई फिलिम प्रशंसकन के पसंद ना आइल। अब विक्की कौशल अपना आवे वाली फिलिम “सैम बहादुर” खातिर सुर्खियन में बाड़न।

सैम बहादुर के विक्की कौशल के पहिला लुक के खुलासा

फिल्म के नया पोस्टर बहुते आकर्षक बा। प्रशंसक पहिलही से एह फिलिम के रिलीज के इंतजार करत बाड़े। ई फिलिम मेघना गुलजार के निर्देशन में बनल बा। ‘राजी’ के बाद ई दूसरका फिलिम बा जवना में दुनु जने काम कइले बाड़न। फिल्म के कहानी भारत के पहिला फील्ड मार्शल सैम मानेकशॉ के जीवन पs आधारित बा। सैम मानेकशॉ 1971 के भारत-पाक युद्ध में भारतीय सेना के जीत के ओर ले गईले, जवना के नतीजा में बांग्लादेश के निर्माण भईल।

विक्की कौशल इंस्टाग्राम पs फोटो शेयर कइले बाड़न

विकी कौशल गुरुवार के अपना इंस्टाग्राम पs एगो तस्वीर शेयर कईले, जवना से उनुका आवे वाला किरदार के झलक मिलता। विक्की कौशल के एह तस्वीर में उनुकर किरदार सैम मानेकशॉ के रूप में देखल जा रहल बा, जवन फिल्म “सैम बहादुर” के भारत के पहिला फील्ड मार्शल हउवें। एह फिलिम में विक्की भारत सैम मानेकशॉ के किरदार निभावत लउकीहें।

विक्की के साझा तस्वीर में उनुका के सेना के वर्दी में लॉन में खड़ा देखल जाता। प्रशंसक अब एह फिलिम के बारे में अउरी उत्सुक हो रहल बाड़े आ बेसब्री से इंतजार करत बाड़े कि विक्की के एह किरदार के देखे के। जबसे इ पोस्टर आईल बा तब से सोशल मीडिया पs वायरल होखता। संगही, प्रशंसक कमेंट सेक्शन में एकरा टीजर खातीर आपन जिज्ञासा जतवले देखाई देतारे।

 

पोस्टर में उनुका दमदार लुक दिल जीत लिहलस

‘जिंदगी उनकी, इतिहास हमारा’ पोस्टर के बाद हालही में विक्की कौशल एगो अउरी नया पोस्टर प्रशंसकन के साथे साझा कइले बाड़न। ‘सैम बहादुर’ के नयका पोस्टर में अभिनेता विकी कौशल के लुक से प्रशंसकन के दिल के धड़कन तेज हो गइल बा। एह पोस्टर पs प्रशंसकन के उम्मीद बढ़ रहल बा काहे कि विकी के लुक उनका फिल्म के पोस्टर सोशल मीडिया पs वायरल कs दिहले बा।

पोस्टर में विकी कौशल सेना के वर्दी में देखाई देतारे, अवुरी उनुकर तनदार मूंछ अवुरी निडर आंख उनुका के बहुत दमदार बना देले बिया। पोस्टर में विक्की लॉन में लउकत बाड़े जवना से दर्शकन के जिज्ञासा अउरी बढ़ रहल बा। बता दीं कि एह फिल्म के एक हफ्ता बाद कैटरीना कैफ के फिल्म ‘मेरी क्रिसमस’ भी सिनेमाघरन में रिलीज होखे वाला बा।

 

 

661650cookie-checkVicky Kaushal: सैम बहादुर से सामने आइल विक्की कौशल के फर्स्ट लुक, लुक्स से बटोरले सुर्खी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.