[the_ad_group id="30365"]

रघुनाथपुर के राजपुर में वाहन प्रदूषण जांच केंद्र के भइल उद्घाटन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दीपक ऑटो मोबाइल परिसर में एएसआई संजय सिंह फीता काटके कइले उद्घाटन

रघुनाथपुर प्रखण्ड क्षेत्र के राजपुर स्थित पेट्रोल पंप परिसर (दीपक ऑटो मोबाइल) में बिहार सरकार द्वारा मान्यता प्राप्त वाहन प्रदूषण जांच केंद्र के उद्घाटन रघुनाथपुर थाना में पदस्थापित एएसआई संजय सिंह लाल फीता काटके कइले।

रुद्रा वाहन प्रदूषण जांच केंद्र के संचालक राजू सिंह बतवले कि बिहार सरकार द्वारा मान्यता प्राप्त प्रदूषण जांच सेंटर पs दुपहिया आ चारपहिया वाहन के फिटनेस जांच कs के सर्टिफिकेट दिहल जाई। मालूम होखे  कि फिटनेस जांच ला वाहन चालक/मालिक लोग के दोसरा जगे जाये के पड़त रहे जवना से बेमतलब के परेशानी होत रहे।
मवका पs एएसआई जयप्रकाश सिंह,फुलवरिया मुखियापति अरविंद पाण्डेय,दीपक ऑटो मोबाइल के संचालक बिनोद सिंह, संठी पैक्स अध्यक्ष परशुराम सिंह,राजेश पाण्डेय सहित अन्य लोग मौजूद थे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]