[the_ad_group id="30365"]

विदेश में शोहरत: मोदी जम्मू-कश्मीर के पश्मीना स्टॉल स्वीडन के प्रधानमंत्री के कइले भेंट, जमके हो रहल बा तारीफ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पीएम मोदी और स्वीडन की प्रधानमंत्री मैगडेलीना एंडरसन
पीएम मोदी आ स्वीडन के प्रधानमंत्री मैगडेलीना एंडरसन – फोटो : pmo india

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी जम्मू-कश्मीर के पश्मीना आ पपीयर माची के विदेशो में शोहरत दिलवइले। ऊ अपना दौरा के दौरान स्वीडन के प्रधानमंत्री मैगडेलीना एंडरसन के पश्मीना स्टॉल भेंट कइले । ई पपीयर माची बॉक्स में रहे जवन कश्मीर के प्रसिद्ध कला हs। एकरा संगही ऊ बनारसी मीनाकारी से बनल पक्षी (चिरई)  भेंट कइले। केंद्रीय मंत्री डॉ. जितेंद्र सिंह ट्वीट कs के प्रधानमंत्री कावर से पश्मीना स्टॉल भेंट करे के जानकारी देले। उनकर कहनाम बा कि ई जम्मू-कश्मीर के सम्मान हs जवन इहां के कला के विदेश में प्रधानमंत्री शोहरत दिलवले।

डेनमार्क के युवरी मैरी के चानी के पक्षी (चिरई) भेंट कइले 

मोदी डेनमार्क के युवरी मैरी के बनारसी मीनाकारी से तइयार कइल गइल चानी के चिरई भेंट कइलस। वाराणसी में चांदी पs मीनाकारी के विरासत 500 साल पुरान हs। ऊ डेनमार्क के महारानी मार्गरेट द्वितीय के गुजरात के कच्छ के रोमन पेंटिंग उपहार में देले।

फिनलैंड के पीएम सना मारेन के ऊ एगो एक शिल्प भेंट कइले। राजस्थान के कोफ्तागिरी कला से सज्जित ढाल आ कच्थ के कढ़ाई से सजल दीवार पs लटकावल जाये आला कलाकृति क्रमश: नार्वे आ डेनमार्क के प्रधानमंत्रियन के भेंट कइले।

मोदी के उपहार भारत के समृद्ध, विविध परंपरा के दर्शावत बा 

भारत के समृद्ध आ गहिराह विरासत के दर्शाने आला आ अलग-अलग क्षेत्रन के विशिष्ट परंपरा के प्रदर्शित करे आला वस्तुअन के प्रधान मंत्री नरेंद्र मोदी अपना तीन दिवसीय दौरा के दौरान अलग-अलग गणमान्य व्यक्तियन के उपहार के रूप में चुनले रहस। गणमान्य व्यक्तियन के प्रधानमंत्री मोदी कावर से दिहल गइल  उपहार भारत के समृद्ध आ विविध परंपरा के देखावत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]