[the_ad_group id="30365"]

आज से भइल एल्युमिनाई मीट का आगाज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

डीडीयू में एल्युमिनाई मीट के आगाज शनिवार के भइल। तीन दिन तक चले वाले सम्मेलन के औपचारिक उद्घाटन रविवार के होई। डीडीयू प्रशासन के मुताबिक एह सम्मेलन से आफलाइन अउर आनलाइन मोड में 23 हजार से अधिक पुरातन छात्रन के जुडले के संभावना बा। एमें देशभर के ख्यातिलब्ध राजनेता, शिक्षाविद्, कुलपति, वैज्ञानिक शामिल होइहें।

कार्यक्रम के ले के विश्वविद्यालय प्रशासन शनिवार के तैयारी पूरा कs लेहले बा। पहले दिन कामर्स अउर शिक्षा संकाय के पुरातन छात्रन के सम्मेलन होई। सथही एजुकेशन इंडस्ट्री इंटरफेस विषय पर कार्यशाला आयोजित कइल जाई।

ई लोग होई प्रोग्राम में शामिल

उद्घाटन कार्यक्रम विश्वविद्यालय के दीक्षा भवन में आयोजित होई। एमे रक्षा मंत्री के अलावा विशिष्ट अतिथि के तौर पर महाराष्ट्र के पूर्व गृहमंत्री कृपाशंकर सिंह, केमिकल एंड फर्टिलाइजर विभाग के सचिव आरके चतुर्वेदी, सांसद जगदंबिका पाल अउर हाइकोर्ट के न्यायाधीश सलिल कुमार राय की मौजूदगी महत्वपूर्ण होई। सम्मेलन में विश्वविद्यालय के ख्यातिलब्ध 31 पुरातन छात्रन के डिस्टिंगविश एल्युमिनाई अवार्ड से सम्मानित कइल जाई। सम्मानित होखे वालन में रक्षामंत्री राजनाथ सिंह, आरके चतुर्वेदी, हाइकोर्ट के न्यायाधीश सलिल कुमार राय अउर राहुल चतुर्वेदी, सांसद जगदंबिका पाल, राच्यसभा सदस्य शिव प्रताप शुक्ल, ओडिसा के पूर्व डीजीपी कुंवर ब्रजेश सिंह, केंद्रीय विश्वविद्यालय दक्षिण बिहार के कुलपति प्रो. केएन सिंह, अमरकंटक केंद्रीय विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो. श्रीप्रकाश मणि त्रिपाठी आदि शामिल रहिहें।

ई सम्मान उद्घाटन कार्यक्रम के दौरान देहल जाई। एह अवसर पर 1987 बैच केे भूगोल विभाग से स्नातकोत्तर टापर आरके चतुर्वेदी के स्वर्ण पदक भी देहल जाई। 2 मई को विभागीय पुरातन छात्र सम्मेलन के आयोजन होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]