[the_ad_group id="30365"]

Varanasi News: वाराणस के उद्योगपति झुनझुनवाला के इहाँ ईडी के रेड, बैंक धोखाधड़ी के बा मामला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Varanasi News: वाराणसी में झुनझुवाला के घर पs ईडी छापा मरले बा। शुक के ईडी घर पs पहुंच के कार्रवाई कइलस। एह दौरान केहू के आए – जाए ना दिहल जात रहे।

वाराणसी के नाटीइमली में जिला के उद्योगपति दीनानाथ झुनझुनवाला के ठिकाना पs प्रवर्तक निदेशालय (ईडी) शुक के छापा मरलस। एह दौरान घंटन तले दस्तावेजन के छानबीन कइल गइल। एकरा के लेके आसपास के लोगन में दहशत के माहौल रहल। सूचना बा कि लोकल पुलिस भा एडमिनिस्ट्रेशन से कवनो तरे के कवनो मदद ना लिहल गइल गई आ नाहीं केहू के शामिल कइल गइल।

जानकारी के मोताबिक मामला बैंक धोखाधड़ी से जुड़ल बा। बतावल जा रहल बा कि ईडी के कार्रवाई के दौरान झुनझुनवाला के घर के भीतर भा बाहर आए- जाए पs रोक लगावल गइल रहे । सब केहू के मोबाइल आ इलेक्ट्रॉनिक उपकरणन के कब्जा में  लेके छानबीन कइल गइल आ कार्रवाई कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]