[the_ad_group id="30365"]

उत्तर प्रदेश में VIP कल्चर के खिलाफ चलल सीएम योगी के हंटर, 5280 गाड़ियन से उतारल गइल लाल-नीला बत्ती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के वीआइपी कल्चर के लेके नाराजगी जतवला के बाद पुलिस बिना मंजुरी के वाहनन पs लागल लाल-नीला बत्ती हूटर आ प्रेशर हार्न उतरवावे के कार्रवाई तेज कइले बिया। खास कर के बड़ शहरन में यातायात पुलिस हूटर आ प्रेशर हार्न लागल वाहनन के चेकिंग बढ़वले बिया। अभियान चलाके अबहीं ले 5280 वाहनन के चालान कइल गइल ।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के वीआइपी कल्चर के लेके नाराजगी जतवला के बाद पुलिस बिना मंजुरी के वाहनन पs लागल लाल-नीला बत्ती हूटर आ प्रेशर हार्न उतरवावे के कार्रवाई तेज कइले बिया। खास कर के बड़ शहरन में यातायात पुलिस हूटर आ प्रेशर हार्न लागल वाहनन के चेकिंग बढ़वले बिया।

11 जून से शुरू कइल गइल अभियान के तहत यातायात पुलिस बियफे ले प्रदेश में 5280 वाहनन से लाल-नीला बत्ती, हूटर आ प्रेशर हार्न उतरवइलस आ अइसन वाहनन के चालान कइलस। एडीजी यातायात बीडी पाल्सन के अनुसार एमें सर्वाधिक 1400 से अधिका अइसन वाहनन के विरुद्ध गौतमबुद्धनगर में कार्रवाई कइल गइल।

यातायात पुलिस कइलस कार्रवाई

यातायात पुलिस अइसन निजी वाहनन के विरुद्ध  कार्रवाई शुरू कइले बिया, जवना में पुलिस के लोगो (कलर) लागल बा भा उत्तर प्रदेश शासन आ भारत सरकार लिखल बा। अभियान के तहत 11 से 18 जून के बीच पुलिस के लोगो लागल 10,1043 वाहनन के चेकिंग कइल गइल आ एमें 9,356 वाहन के चालान कइल गइल।

एह अवधि में उप्र शासन आ भारत सरकार लिखलस 88,691 वाहनन के चेकिंग कइल गइल साथही 6,608 वाहनन के चालान कइल गइल। पुलिस चालान से एक करोड़ रूपया से अधिक शमनशुल्क वसूलले बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]