[the_ad_group id="30365"]

सीवान में गंडक नहर पs बनल ब्रिज गिरल : पिलर के धंसते ढह गइल 30 फीट लमहर पुल; पांच दिन पहिले अररिया में भइल रहे हादसा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में पांच दिन में दूसरका पुल ढह गइल। सनीचर के सबेरे सीवान के महाराजगंज अनुमंडल के पटेढ़ा आ गरौली गांव के बीच गंडक नहर पs बनल पुल अचानक टूट गइल। एगो पिलर के धंसतही पुल भर-भराके नहर में समा गइल।

हादसा के लाइव वीडियो सामने आइल बा, जेमे साफ लउकत बा कि पिलर अपना जगह से खिसकत बा, धीरे-धीरे पुल धराशयी हो जात बा। पुल के टूटला से दुगो गांव के बीच के आवागमन पूरा तरे ठप हो गइल बा।

ग्रामीण लोग बतावल कि विभाग के ओर से नहर के सफाई करावल गइल रहे आ नहर के माटी काटके नहर के बांध पs फेंकल गइल रहे। एह वजह से पुल के पिलर बहुते कमजोर हो गइल रहे, जवना के कारण टूट गइल।

एकरा पांच दिन पहले अररिया के सिकटी में बकरा नदी पs बनल पुल उद्घाटन से पहिले मंगर के नदी में समा गइल रहे। पुल 31 करोड़ रुपिया के लागत से बनल रहे। पिछला 13 साल में ई पुल तीसरका बेर बनत रहे।

30 साल पहिले भइल रहे निर्माण

ग्रामीण लोग इहो आरोप लगावल कि नहर के सफाई के दौरान विभाग सुरक्षा मानकन के पालन ना कइलस, जवना से पुल के पिलर पs अतिरिक्त भार पड़ गइल आ ई हादसा हो गइल। एह पुल के चौड़ाई लगभग 30 फीट रहे। लगभग 30 साल पहिले एह पुल के निर्माण करावल गइल रहे।

हालांकि, एह घटना में केहू के हताहत होखे के सूचना नइखे, बाकिर पुल टूटला से आवागमन पूरा तरे बाधित हो गइल बा। एह चलते ग्रामीणन के भारी असुविधा के सामना करे के पड़ रहल बा। लईकन  के स्कूल गइल, किसानन के खेतन तक पहुंचल आ मरीजन के अस्पताल गइलो मुश्किल हो गइल बा।

ग्रामीणन में आक्रोश

ग्रामीणन के कहनाम बा कि घटना के बाद से अभी तक केहूओ सरकारी अधिकारी इस्थिति के जायजा लेवे नइखे पहुंचल लो। ग्रामीण लोग आरोप लगावल कि प्रशासन के एह अनदेखी के कारण ओह लोगन के कइयन तरे के समस्या के सामना करे के पड़ रहल बा। ऊ लोग इहो बतावल कि पुल के टूटला से संबंधित अधिकारियन से संपर्क करे के कोसिस कइल गइल, बाकिर केहूओ से संपर्क ना हो सकल।

एह घटना से ग्रामीणन में बहुते आक्रोश बा। ओह लोगन के कहनाम बा कि प्रशासन के तुरंत एह मुद्दा पs संज्ञान लेवे के चाहीं आ पुल के मरम्मत के काम जल्दी से जल्दी सुरू करे के चाहीं। एकरा संगही ही ग्रामीण लोग इहो मांग कइले बा कि एह घटना के जांच करावल जाई आ दोषियों के खिलाफ कड़ा कार्रवाई कइल जाई।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]